For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Chaitra Navratri 7 Day 2024: नवरात्रि के सातवा दिन करी ई खास उपाय, माई कालरात्रि के कृपा से नौकरी में मिली सफलता

09:23 AM Apr 15, 2024 IST | Raj Nandani
chaitra navratri 7 day 2024  नवरात्रि के सातवा दिन करी ई खास उपाय  माई कालरात्रि के कृपा से नौकरी में मिली सफलता
Advertisement

Navratri Upay 2024: नवरात्रि के सातवा दिन मां कालरात्रि के पूजा कइल जाला एह दिन कुछ खास उपाय करला से नौकरी में तरक्की आ कार्यों में सफलता मिली।

Advertisement

Chaitra Navratri 7th Day: 15 अप्रैल माने आज चइत नवरात्रि के सातवां दिन ह । नवरात्रि के सातवें दिन मां कालरात्रि की पूजा कइल जाला। उन्करा देवी पार्वती के समतुल्य मानल जाला । माई कालरात्रि के नाम का अर्थ होता है अनहार के खत्म करे वाली देवी ।

माई कालरात्रि के वर्ण कृष्ण वर्ण के समान बा। ऊ गदहा के सवारी करेली । ई देवी के चार भुजा होखेला जवना में दुनो दाहिना हाथ में ऊ अभय आ वरद मुद्रा धारण कइले बाड़ी। जबकि बाएं हाथ में उन्करा तलवार आ खड्ग बा। एह दिन कइल गइल उपाय नौकरी में सफलता दिलावेला।

जाने के इन उपायन के बारे में :

नवरात्रि के सातवा दिन के उपाय (Navratri Upay)

नवरात्रि के सातवें दिन माई कालरात्रि के विधिपूर्वक पूजा करे चाहि। एह दिन रात में जागरण क दुर्गा सप्तशती के पाठ करल शुभ होखेला । एहसे नौकरी में तरक्की के योग बनेला आ जीवन के सब नकारात्मक शक्ति दूर हो जाला

नवरात्रि के सप्तमी तिथि के दिन माई कालरात्रि के पेठा के भोग लागे के चाहि । एहसे माई के कृपा से बल आ विजय के प्राप्ति होखेला। ई उपाय करे से कानूनी मामला में भी विजय प्राप्त होखेला आ जीवन में सुख-समृद्धि आवेला।

आज के दिने देवी के 32 नामन के जाप विशेष फलदाई मानल जाला । सप्तमी प जवन भी भक्त रात में माई के 32 नाम के 108 बार जाप करेला । माई ओकरा जीवन से सब परेशानि दूर क देवे ली आ उन्करा रोग-शोक से भी मुक्ति मिलेला।

नवरात्रि के सप्तमी तिथि प देवी के खिचड़ी के भोग लगावे के चाहि । माई कालरात्रि के उड़द दाल के खिचड़ी बनाके भोग लगाइ आ पूजा के बाद एहकेे प्रसाद के रूप में लोग के बांट दीही। एहसे जीवन भर माई के कृपा बनल रहेला।

माई कालरात्रि के गुड़हल के फूल बहुत पसंद होला। सप्तमी तिथि प पूजा के दौरान माई के लाल गुड़हल के माला अर्पित करल बहुत शुभ होखेला । अइसन करे से माई खुश होके भक्तन के सब मनोकामना पूरा करेली ।

Tags :
Advertisement