Bareilly News: टोल टैक्स बचावे खातिर बदलले रहे लोग रास्ता, गूगल मैप पs भरोसा पड़ल भारी
बरेली। फरीदपुर में भतीजी के बियाह में सामिल होखे खातिर गुरुग्राम से निकले तीनो दोस्त टोल टैक्स बचावे खातिर रास्ता बदल दिहल। मुरादाबाद-बरेली के बजाय बदायूं होके फरीदपुर जाये के निर्णय लिहल लो। एह दौरान गूगल मैप पs भरोसा भारी पड़ गइल आ हादसा में तीनो के जान चल गइल। एसे बियाह के रौनक फीका पड़ गइल। सादगी के संगे रस्मन के निभावल गइल।
अजीत सिंह उर्फ विवेक के चचेरा भाई ठाकुर राजेश सिंह अतवार के दुपहरिया पोस्टमार्टम हाउस पs मवजूद रहस। ऊ बतवलें कि उनकर बेटी सृष्टि के बियाह फरीदपुर स्टेशन के सोझा रहे वाला रामू सिंह से तय भइल रहे। अतवार के फरीदपुर के राम रहीम बरातघर में बियाह समारोह में सामिल होखे खातिर ई तीनो लोग सनीचर के रात के गुरुग्राम से निकलल रहे। ऊ बुलंदशहर, बदायूं होत फरीदपुर पहुंचल चाहत रहे लो, एही बीच ई हादसा हो गइल। पोस्टमार्टम में तीनो के की हादसा में मौत होखे के पुष्टि भइल। केहूओ के माथा तs केहु के हिरदे आ लिवर आदि अंग बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल रहे।
एने, अतवार के सांझ फर्रुखाबाद से कन्या पक्ष के कुछ लोग बरातघर में पहुंचल। दुल्हन के भाई रॉबिन वर पक्ष के पहिलही बता देले रहस कि बैंड बाजा के बिना बरात ले आवे लो। एही मोताबिक बरात पहुंचल आ रस्म पूरा कs के रात में दुल्हन के विदाई कs दिहल गइल। रॉबिन बतवलें कि सोमार के सबेरे दुनो चाचा के शवन के फर्रुखाबाद में अंतिम संस्कार कइल जाई।
एक महीना पहिलही पिता बनल रहलें नितिन
राजेश सिंह बतवलें कि उनकर, अजीत आ नितिन के पिता सगा भाई रहे लो। एह लिहाज से उनका परिवार के बड़ क्षति भइल बा। अजीत के परिवार में पत्नी, एगो बेटा आ एगो बेटी बा लो। जबकि नितिन एक महीना पहिलही पिता बनल रहस।
आरोप : बदइंतजामी ना रहित तs ना जाइत जान
राजेश सिंह आ आउर परिजन आरोप लगावल लो कि बदइंतजामी तीन लोगन के जान ले लेलस। पुल पs वाहनन के आवाजाही रोके खातिर अवरोधक ना रखल गइल रहे। अइसन कवनो देवाल ना रहे, जवना से अवरोध के अहसास होखे आ वाहन चालक रुक जाये। अजीत के बहनोई प्रमोद सिंह आरोप लगवलें कि उनका परिजनन के संगे जवन भइल, ऊ केहु आउर के संगे ना होखे, प्रशासन के एकर बेवस्था करे के चाहीं। बतावल गइल ऊ लोग एह ममिला में कानूनी कार्रवाई के बारे में विचार करी।
गूगल मैप पs पूरा दिख रहल बा पुल
गूगल मैप पs पुल पूरा बनल दिखाई दे रहल बा। जबकि, पुल निर्माण के कुछ माह बादे एप्रोच रोड बह गइल रहे। रामगंगा नदियो खिसक के फरीदपुर के खल्लपुर गांव के ओर बहे लागल बिया। एसे पुल हवा में लटक रहल बिया। स्थानीय लोगन के एकर जानकारी बा, बाकिर बाहर से आ रहल अनजान लोगन खातिर खतरा बनल रहेला। एही वजह से तीन लोगन के जान चल गइल।