टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा के तृप्ति तान्या के बाल वैज्ञानिक प्रोत्साहन पुरस्कार: पद्मश्री रविंद्र कुमार सिंह कइलें सम्मानित, राज्यस्तरीय बाल कांग्रेस प्रतियोगिता में लहरवले रहली परचम

10:20 AM Nov 29, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा के तान्या राज्यस्तरीय बाल कांग्रेस प्रतियोगिता में आपन परचम लहरवले बाड़ी। जवना खातिर तान्या के बिहार बाल वैज्ञानिक प्रोत्साहन पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। ई सम्मान उनका पद्मश्री रविंद्र कुमार सिंह के हाथन से राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस के ओर से 22 से 25 नवंबर तक पटना के श्री कृष्ण विज्ञान केंद्र में आयोजित परीक्षा के बाद प्रदान कइल गइल।

Advertisement

बता दीं कि तृप्ति तान्या छपरा सदर अस्पताल के जिला प्रतिरक्षण कार्यालय के स्वास्थ्य कर्मी निरंजन कुमार सिंह आ अंजू सिंह के बेटी हई। पुरस्कार मिलला के बाद परिचितन आ रिश्तेदारन में खुसी के लहर बा।

तृप्ति जिला स्तर पs चयनित होखला के बाद पटना में आयोजित चार दिवसीय विज्ञान कांग्रेस में भाग लेले रहली। पुरस्कार स्वरूप उनका के प्रशस्ति पत्र के संगे पांच हजार एक सौ रुपिया के पुरस्कार राशियो दिहल गइल। उनका एह सफलता के बाद माई-बाबूजी आ गुरुजनन में खुशी के लहर बा। ओहिजा उनका सफलता पs लोग बधाइयो दे रहल बा। तृप्ति अपना सफलता के श्रेय माई-बाबूजी आ गुरुजनन के देले बाड़ें। ऊ बतवली कि ऊ वैज्ञानिक बनके देस के सेवा कइल चाहत बाड़ी।

Tags :
Award GivenBhojpuri NewsChhapra NewsTripti TanyaYouth Congress
Advertisement
Next Article