For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: पुलिस गायब बैग दिलवलस, स्पेनी दंपती बोलल- ई पल कबो भूल नइखी सकत

11:22 AM Aug 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
gorakhpur news  पुलिस गायब बैग दिलवलस  स्पेनी दंपती बोलल  ई पल कबो भूल नइखी सकत
Advertisement

भारत घूमे आइल स्पेन के दंपती रेलवे स्टेशन पs आपनबैग भूल गइल। बहुते खोजबीन के बादो जब बैग ना मिलल तs ऊ कैंट थाना के रेलवे चौकी पs पहुंचल लो। पुलिस 45 मिनट में बिदेसी दंपती के बैग खोजके ओह लोगन के सउप देलस। पुलिस के एह काम के दुनो लोग खूब तारीफ कइल। बिदेसी दंपती हिंदी में कहलस- शुक्रिया ! ये पल कभी भूल नहीं सकते।

Advertisement

बता दीं कि स्पेन के रहे वाला सैंटिगो (65) आ उनकर पत्नी अना मारिया (58) भारत भ्रमण पs निकलल रहे लो। कइयन शहरन से घूमत ऊ लोग बुध के गोरखपुर पहुंचल लो। इहां से ऊ लोग नेपाल के काठमांडू जाये वाला रहे लो। रेलवे स्टेशन के गेट नंबर पांच के लगे दंपती के बैग छूट गइल।

बतावल जा रहल बा कि बुजुर्ग होखला के वजह से उनका इयाद ना आवत रहे कि ऊ आपन बैग कहां भूलल बा लो। आस-पास के होटलन आ राहगीरन के मदद से दंपती बैग खोजे के प्रयास कइलस, लेकिन कामयाबी ना मिलल।

एकरा बाद ऊ लोग रेलवे पुलिस चौकी पहुंचल। उप निरीक्षक महेश चौबे, उप निरीक्षक जितेंद्र कुमार आ कांस्टेबल संजीत यादव 45 मिनट में सीसीटीवी कैमरा के मदद से बिदेसी दंपती के बैग खोज निकालल।

Tags :
Advertisement