For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Chhapra News: छपरा में भोरे - भोरे ताबड़तोड़ फायरिंग, नामी वकील आ उनका बेटा के गोली मार के हत्या; इलाका में दहशत

09:48 AM Jun 12, 2024 IST | Sonu Kishor
chhapra news  छपरा में भोरे   भोरे ताबड़तोड़ फायरिंग  नामी वकील आ उनका बेटा के गोली मार के हत्या  इलाका में दहशत
Advertisement

छपरा में बुध के भोरे - भोरे नामी वकील आ उनका बेटा पs ताबड़तोड़ फायरिंग कऽ के हत्या कऽ दिहल गइल बा। ई दिल दहलावे वाली घटना के बाद इलाके में सनसनी फैल गइल बा। उहे घटना के अंजाम देवे के बाद दू गो बाइक पs सवार पांच अपराधी फरार हो गइले। हालांकि आनन फानन में स्थानीय लोग पिता पुत्र के छपरा सदर अस्पताल लिआइल।

Advertisement

Chhapra News: मुफस्सिल थाना क्षेत्र के स्टेट हाईवे मेथवलिया के लगे आज भोरे छपरा के जानल-मानल अधिवक्ता पिता उनका बेटा के गोली मार के हत्या कऽ दिहल गइल बा। पिता-पुत्र दुनु वकालत करत रहले। मृतक राम अयोध्या राय विधि मंडल के अधिवक्ता बतावल जा रहल बाड़े।

ओही लगले बाप - बेटा के हो गइल मौत

गोली लगला से मौका पs पिता -पुत्र के मौत हो गइल। घटना के अंजाम देवे के बाद दू बाइक पs सवार पांचो अपराधी फरार हो गइलन सन। हालांकि, आनन फानन में स्थानीय लोगन के द्वारा पिता पुत्र के छपरा सदर अस्पताल लिआवल गइल। उहाँ डॉक्टर मृत घोषित कऽ देले। एकर सूचना मिलते उनका परिवार के लोग अस्पताल पहुंच गइले आ शव के देखते कोहराम मच गइल।

भारी संख्या में अस्पताल पहुंचले अधिवक्ता

काफी संख्या में अधिवक्ता अस्पताल पहुंचल बाड़े आ उहाँ हंगामा के इस्थिति बा। अस्पताल में काफी अफरा तफरी मचल बा। घटना के सूचना मिलला बाद स्थानीय पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया। प्राप्त जानकारी के मोताबिक छपरा विधि मंडल के अधिवक्ता 68 वर्षीय राम अयोध्या राय अपना पुत्र अधिवक्ता 35 वर्षीय सुनील राय के साथे मुफस्सिल थाना क्षेत्र के मेथवालिया इस्थित अपना घर से बाइक से सुबह में कोर्ट आवत रहले। घर से करीब आधा किलोमीटर के दूरी पs पहुंच गइल रहले कि दुधालिया पुल (छपरा सेंट्रल स्कूल) के लगे अपराधी पिता-पुत्र पs ताबड़तोड़ फायरिंग शुरू कऽ देले सन।

अधिवक्ता के सिर में लागल गोली

राम अयोध्या राय के सिर में गोली लागल, जवना से उनकर मौका पs मौत हो गइल। उहे उनकर पुत्र सुनील राय के बदमाश तीन गोली मरले। उहे सीना, पेट आ गर्दन में गोली लागल। एकरा बाद उनकरो मौका पs मौत हो गइल। हालांकि, आनन फानन में स्थानीय लोगन के द्वारा पिता पुत्र के छपरा सदर अस्पताल लिआवल गइल। उहाँ डॉक्टर मृत घोषित कऽ देले। एकर सूचना मिलते उनका परिवार के लोग अस्पताल पहुंच गइले आ शव के देखते कोहराम मच गइल।

एसपी के निर्देश पऽ आसपास के इलाका में छापामारी

उहे घटना के सूचना मिलला पs एसपी डॉक्टर कुमार आशीष के निर्देश पs पुलिस आसपास के इलाकन में छापेमारी शुरू कऽ देले बिया। फिलहाल घटना के कारण पता नइखे चल सकल, काहेकि परिवार में कोहराम मचल बा आ केहू कुछवो बतावे के इस्थिति में नइखे। संभावना जतावल जा रहल बा कि पूर्व के दुश्मनी के कारण हत्या के घटना घटित भइल बा।

Tags :
Advertisement