टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Chhapra News: छपरा के एह गांव के 30 साल बाद मिलल खुशखबरी

06:52 PM Sep 21, 2024 IST | Sonu Kishor
छपरा के दु गो गांव में आइल 30 साल बाद खुशखबरी
Advertisement

बिहार के अमनौर में एनएच 722 से जुड़ल एगो ग्रामीण सड़क के निर्माण 30 बरिस से अधूरा रहे जवना के कारण दर्जनन गांव के लोगन के परेशानी होत रहे। अमनौर विधायक कृष्ण कुमार स्थानीय जनप्रतिनिधियन के साथे मिल के जमीनी विवाद सुलझवले आ सड़क के निर्माण करववले। विधायक सड़क के उद्घाटन कइले जवना से ग्रामीण लोग में खुशी के माहौल बा।

Advertisement

भेल्दी थाना के नजदीक एनएच 722 से दर्जनों गांव के जोड़े वाला ग्रामीण सड़क पs अरना आ बरियारपुर गांव के बीच दु लोग के बीच जमीन के विवाद के चलते करीब 30 साल तक करीब एक किलोमीटर सड़क के निर्माण अधूरा रहे। ओकरा चलते बरसात के मौसम में लोग कीचड़ में चले प मजबूर रहले। दर्जनों बार पंचायत के संचालन भइल। सरकारी स्तर पs बइठक भइल, बाकिर ओकरा से कवनो नतीजा ना निकलत रहे। एकरा बाद अमनौर के विधायक कृष्ण कुमार उर्फ मंटू सिंह, स्थानीय जनप्रतिनिधि फैजुल्ला अंसारी, रामनाथ बैठा, हरेन्द्र राय, सुरेश राय, शैलेन्द्र राय आदि के साथे पहल कऽ के परसा अंचल कार्यालय के कर्मीयन के भेजले आ जवना दु लोग के बीच विवाद चलत रहे आ सुलह करवले फेर बनववले।

शनिचर के दिने विधायक रिबन काट के ओह सड़क के उद्घाटन कइलन। एकरा बाद गाँव के लोग में खुशी के माहौल बनल। गांव के लोग बतावत रहले कि तीन दशक से करीब एक किलोमीटर तक सड़क ना बनला के चलते एक दर्जन से जादे गांव के लोग के समस्या के सामना करे के पड़त रहे। विधायक कहले कि उनकर एकमात्र लक्ष्य इलाका के विकास बा। गांव के लोग से जानकारी मिलला के बाद विभाग से बात कइला के बाद अधूरा सड़क के निर्माण भइल।

Tags :
ChhapraChhapra amanur newsChhapra Bihar newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsSamajik yojna
Advertisement
Next Article