For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

होली के लेके चलावल जाई छपरा-पनवेल साप्ताहिक एक्सप्रेस : यात्रियन के बढ़त भीड़ के लेके रेलवे लेलस निर्णय, हफ्ता में दु दिन चली ट्रेन

06:32 AM Mar 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
होली के लेके चलावल जाई छपरा पनवेल साप्ताहिक एक्सप्रेस   यात्रियन के बढ़त भीड़ के लेके रेलवे लेलस निर्णय  हफ्ता में दु दिन चली ट्रेन
Advertisement

रेलवे विभाग कावर से यात्रियन के यात्रा के सरल आ सुविधाजनक बनावे खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में रेलवे प्रशासन कावर से होली त्योहार पs हो रहल यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 05193/05194 छपरा-पनवेल-छपरा साप्ताहिक होली विशेष गाड़ी के संचलन 21 से 28 मार्च, दिन बियफे के छपरा से आ 22 से 29 मार्च, दिन सुक के पनवेल से दु फेरन खातिर कइल जाई। एह ट्रेन के संचालन से होली पs छपरा के यात्रियन के विशेष सहूलियत मिली। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देले बाड़ें।

Advertisement

देखीं कहां से कहां तक जाई ट्रेन

05193 छपरा-पनवेल साप्ताहिक होली विशेष गाड़ी 21 आ 28 मार्च, 2024 दिन बियफे के छपरा से 15:20 बजे प्रस्थान कs के बलिया से 16:50 बजे, गाजीपुर सिटी से 18:05 बजे, वाराणसी से 19:50 बजे, बनारस से 20:05 बजे, प्रयागराज जं. 22:40 बजे, दूसरका दिन सतना से 02:20 बजे, कटनी से 03:35 बजे, जबलपुर से 05:00 बजे, इटारसी से 08:55 बजे, भुसावल से 13:25 बजे, नासिक रोड से 17:10 बजे, ईगतपुरी से 18:15 बजे आ कल्याण से 19:57 बजे छूटके पनवेल 20:30 बजे पहुंची।

05194 पनवेल-छपरा साप्ताहिक होली विषेष गाड़ी 22 आ 29 मार्च, 2024 दिन सुक के पनवेल से 21:40 बजे प्रस्थान कs के कल्याण से 22:21 बजे, दूसरका दिन ईगतपुरी से 01:40 बजे, नासिक रोड से 02:30 बजे, भुसावल से 06:00 बजे, इटारसी से 11:30 बजे, जबलपुर से 16:20 बजे, कटनी से 17:40 बजे, सतना से 19:30 बजे, तीसरका दिन प्रयागराज जं. से 02:05 बजे, बनारस से 04:00 बजे, वाराणसी से 04:25 बजे, गाजीपुर सिटी से 06:00 बजे आ बलिया से 07:05 बजे छूटके छपरा 08:50 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में जनरेटर सह लगेज यान के एगो, एल. एस.एल.आर.डी. के एगो, साधारण द्वितीय श्रेणी के तीन, शयनयान श्रेणी के तीन तथा वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनामी के 14 कोचन सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

Tags :
Advertisement