टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

तीन घंटा तक बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 11 से 2 बजे तक सप्लाई रही ठप, शहर के पश्चिमी हिस्सा रही प्रभावित

10:41 AM Nov 28, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा शहरी क्षेत्र के पश्चमी हिस्सा में बिजली आपूर्ति बाधित रही। डबल डेकर पुल निर्माण के लेके स्थायी रूप से वायर शिफ्टिंग आ गार्टर लांचिंग के लेके बिजली विभाग के ओर  से निर्णय लिहल गइल बा। पावर काट सबेरे 11 बजे से दोपहर 2:00 बजे तक रही। तीन घन्टा पावर काट में मुख्य रूप से दुगो फीडर प्रभावित रही। एसडीएस फीडर आ ब्रह्मपुर फीडर में पावर कट रही। जनाकारी एसडीओ (बिजली) देलें। दोबारा 2 के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

Advertisement

पुल निर्माण खातिर कटी बिजली

छपरा शहरी क्षेत्र में बिहार राज्य पुल निर्माण निगम के ओर से भारत के सबसे बड़ डबल डेकर पुल निर्माण कइल जा रहल बा। डबल डेकर पुल निर्माण के लेके राजेन्द्र सरोवर से निकले वाला 11 केवीए एसडीएस फीडर आ 11 kva ब्रह्मपुर फीडर के वायर के स्थायी रूप से शिफ्ट कइल जा रहल बा। संगही डबल डेकर के स्पेन आ गार्टर लांचिंग के काम कइल जा रहल बा। जवन के देखत सुरक्षा के मद्देनजर पावर कट कइल गइल बा।

पावर कट के कारण मुख्य रूप से जेल गुमटी, मासुमगंज, अजयबगंज, दौलत गंज, गुदरी आ रामकृष्णपुरी कि बिजली आपूर्ति ठप रही। बिजली विभाग के ओर से पावर कट से पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsElectricity Supplypower cut
Advertisement
Next Article