टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सटीक खुफिया इनपुट, जबरदस्त कोऑर्डिनेशन आ 29 गो नक्सली ढेर...

08:17 AM Apr 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 के पहिला चरण के मतदान से पहिले छत्तीसगढ़ के कांकेर जिला से नक्सलवाद के पीठ तोड़े वाली खबर सोझा आईल। मंगल के दिने सुरक्षा बल अभियान चला के 29 गो नक्सलियन के मार के गिरा दिहलस. एs घटना में तीन जवान भी घायल हो चुकल बाड़े। मारल गइल नक्सली में बड़का नक्सली नेता लोग के भी शामिल होखे के संभावना बा। छत्तीसगढ़ राज्य बनला के बाद ई पहिला बेर भइल बा कि अतना बड़हन संख्या में नक्सली मुठभेड़ में मारल गइल बा. गृह विभाग भी सम्हारे वाला उपमुख्यमंत्री विजय शर्मा एs मुठभेड़ के बड़ सफलता बतवले अवुरी कहले कि एकर श्रेय बहादुर सुरक्षाकर्मी के जाला। एह अभियान के गृहमंत्री अमित शाह भी सराहले बाड़े।

मंगल के दुपहरिया में सुरक्षा बल सही खुफिया जानकारी आ जबरदस्त समन्वय के इस्तेमाल कs के नक्सली प्रभावित छत्तीसगढ़ के कांकेर जिला में नक्सलियन के खिलाफ ई अभियान चला दिहलस. बस्तर क्षेत्र के पुलिस महानिरीक्षक सुंदरराज पी. कांकेर जिला के छोटेबेठिया थाना क्षेत्र के तहत हापाटोला गांव के जंगल में नक्सली के मौजूदगी के बारे में मजबूत खुफिया इनपुट मिलल बतवले। एहमें उत्तर बस्तर संभाग के नक्सली शंकर, ललिता, राजू आ अउरी माओवादियन के मौजूदगी आ सही स्थान के जानकारी मिलल. एह खुफिया जानकारी के बाद छोटेबेठिया थाना क्षेत्र में बीएसएफ आ जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी) के संयुक्त टीम सक्रिय हो गइल. दुनु जने एह अभियान खातिर समन्वय कइल आ जंगल के सावधानीपूर्वक कदम से घेर के खोज अभियान शुरू कइल गइल.

कबो पेड़ में लुका के तs कबो जमीन पs लेट के... 29 नक्सली मारल गईले।

हापाटोला गांव के लगे जंगल में सुरक्षा बल के अंदाज़ा मिलला के बाद नक्सली फायरिंग शुरू कs देले। तब तक चारो ओर से घेराबंदी हो गईल रहे अवुरी सुरक्षा बल एक संगे जवाबी कार्रवाई शुरू कs देलस। कबो पेड़ में लुकात तs कबो जमीन पs लेट के बीएसएफ आ रिजर्व गार्ड के जवान सटीक निशाना लगावे लगले आ एक-एक क के 29 गो नक्सली के मार गिरइले दिहले.

नक्सली के पूरा कुनबा खतम

बतावल जा रहल बा कि एहिजा मौजूद नक्सली के पूरा कुल तबाह हो गइल बा. सभे के लाश बरामद हो चुकल बा अवुरी अपराध स्थल से एके-47 राइफल, एसएलआर राइफल, इंसास राइफल अवुरी 303 बंदूक समेत भारी मात्रा में गोला-बारूद बरामद भईल बा। अबहीं ले मारल गइल नक्सलियन के पहचान नइखे भइल. प्राइमा फेसी लागत बा कि एह नक्सलियन में माओवादी के उत्तर बस्तर डिवीजन के बड़का नेता शामिल बाड़े. केंद्रीय गृह मंत्रालय के सूत्र बतवले कि गोलीबारी में बीएसएफ के दु निरीक्षक अवुरी एगो डीआरजी जवान घाही हो गईले।

सुरक्षा बल नक्सलियन के चारो ओर से घेर लेले रहे अउरी आगे ना बढ़े देले रहे जवना के वजह से एक तरफ से आईल सर्चिंग टीम नक्सली के काम पूरा कs दिहलस| डीआईजी बीएसएफ आलोक सिंह कहले कि, इs बीएसएफ के एगो बड़ इटिलिजेंस बेस ऑपरेशन रहे। हम आ डीआरजी टीम कोटरी के ईस्टर्न साइड इलाका में 2 दिन तक ऑपरेशन में लागल रहनी। अबूझमाड़ के इलाका नक्सली लोग के हब मानल जाला। हमनी के कमांडो अवुरी डीआरजी टीम बहुत दिन से एकर अभ्यास करत रहे। हमनी के आपन परिचालन रणनीति बदल के विशेष संचालन में बदल दिहनी जा। बल विक्षेपन आ जुटान के अलग दिशा के तकनीक अपनावल। हमनी के नक्सली के सरप्राइज देवे के पड़ल, हमनी के सरप्राइज देनी अवुरी सफलता मिलल।

 

 

 

 

Tags :
ChhattisgarhCrime NewsKankerNaxal Encounter
Advertisement
Next Article