टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Chhattisgarh Blast: बेमेतरा में बारूद फैक्ट्री में ब्लास्ट, हादसा में 9 लोगन के मौत; घायलन के रायपुर AIIMS में कइल गइल भर्ती

12:19 PM May 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Chhattisgarh Blast: छत्तीसगढ़ के बेमेतरा में एगो बारूद फैक्ट्री में ब्लास्ट होखे से इलाकन में हड़कंप मच गइल। हादसा में 9 लोगन के मरे के खबर बा। हालांकि एकर अबही आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। घटनास्‍थल पs बड़ संख्या में लोगन के भीड़ जमा हो गइल। जिला प्रशासन के टीमो घटनास्थल के खातिर रवाना हो गइल बिया। ई पूरा घटना बेमेतरा के बेरला ब्लॉक के ग्राम बोरसी के लगे भइल बा।

Advertisement

मलबा में कई लोगन के दबाए के आंशका

जोरदार धमाका के बाद कई लोगन के मलबा में दबल होखे के आशंका बा। घायलन के तुरंत रायपुर एम्स में भर्ती करावल गइल बा। घटना के सूचना मिलते  रायपुर आ दुर्ग से दमकल वाहन आ एसडीआरएफ के रेस्क्यू टीम रवाना हो गइल। रायपुर से एगो आ दुर्ग से दू गो दमकल के वाहन घटनास्थल पर पहुंच रहल बिया। ओहिजा रायपुर से एसडीआरएफ के 20 सदस्यीय रेस्क्यू टीम रवाना हो चुकल बा।

हादसे के वक्त फैक्ट्र में रहलें 100 से बेसी कर्मी

बतावल जा रहल बा कि हादसा के घरी बारूद फैक्ट्री में करीब 100 गो कर्मचारी मौजूद रहले। फैक्ट्री में ब्लास्ट होखे से पूरा इलाका दहर उठल। काला धुआ के गुबारा आसमान में उठत लउकल।

Tags :
breking newsChhatisgarhChhatisgarh newsChhattisgarhDurghatna newsfactory durghatnaKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article