For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Amroha: मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार के पिता के दिल्ली में देहांत, ब्रजघाट पs आज होई अंतिम संस्कार

12:20 PM Sep 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
amroha  मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार के पिता के दिल्ली में देहांत  ब्रजघाट पs आज होई अंतिम संस्कार
Advertisement

अमरोहा जिले के हसनपुर के मोहल्ला महल के रहे वाला मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार अग्रवाल के पिता विश्वेश्वर दयाल अग्रवाल के 90 बरिस के आयु में निधन हो गइल। ऊ लमहर समय से बेमार रहस। एह दिनन ऊ दिल्ली इस्थित आवास पs रहत रहस।

Advertisement

उनकर पार्थिव शरीर हसनपुर ले आवल जा रहल बा। ब्रजघाट में अंतिम संस्कार कइल जाई। हसनपुर के मोहल्ला महल निवासी 90 वर्षीय विश्वेश्वर दयाल अग्रवाल हसनपुर तहसील बार एसोसिएशन के संस्थापक सदस्य रहल बाड़ें। ऊ कइयन बेर तहसील बार एसोसिएशन के अध्यक्ष पद पs रहल बाड़ें।

उनकर बेटा राजीव कुमार अग्रवाल वर्तमान में मुख्य चुनाव आयुक्त बाड़ें। पिछला काफी समय से विश्वेश्वर दयाल अग्रवाल बेमार चलत रहस। ऊ जादेतर समय हसनपुर में रहत रहलें। बेमार होखला के कारण ऊ अपना बेटा मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार अग्रवाल के संगे उनकर दिल्ली इस्थित आवास पs रहत रहस।

बतावल जा रहल बा कि सोमार के देर रात दिल्ली में उनकर निधन हो गइल। एकर सूचना से हसनपुर के लोगन में शोक के लहर दउड़ गइल बा। तहसील के अधिवक्ता लोग शोक जतवले बा। दिल्ली से उनकर पार्थिव शरीर के हसनपुर ले आवे के तइयारी कइल जा रहल बा।

ब्रजघाट में अंतिम संस्कार कइल जाए के सूचना मिलतही पुलिस प्रशासन अलर्ट हो गइल बा। ट्रैफिक बेवस्था के दुरुस्त करवावल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement