For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gen AI: जनरेटिव एआई के पेटेंट में चीन सबसे आगे; भारत शीर्ष पांच देसन में सामिल

11:48 AM Jul 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
gen ai  जनरेटिव एआई के पेटेंट में चीन सबसे आगे  भारत शीर्ष पांच देसन में सामिल
Advertisement

चीन जनरेटिव आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (GenAI) के पेटेंट अर्जियन के दर्ज करावे में सबसे आगे बा। चीन के आविष्कारक एह क्षेत्र में, अमेरिका, कोरिया गणराज्य, जापान आ भारत जइसन आउर प्रमुख देसन के पीछे छोड़ देले बा। ई दावा विश्व बौद्धिक सम्पदा संगठन (WIPO) के एगो रिपोर्ट में कइल गइल बा।

Advertisement

विश्व बौद्धिक सम्पदा संगठन के एगो रिपोर्ट के मोताबिक 2014 से 2023 के समाप्ति तक 54 हजार जनरेटिव एआई आवेदन दर्ज कइल गइल रहे। एमे से 25 प्रतिशत 2023 में बनावल गइल रहे।

चीन कइयन गो प्रमुख देसन के पीछे छोड़लस 

2014 से 2023 के दौरान 38 हजार से जादे जनरेटिव एआई पेटेंट आवेदन चीन दर्ज करवले बा, जवन अमेरिका से छव गुना जादे बा। शीर्ष पांच आविष्कारक देसन में चीन (38,210 आविष्कार), अमेरिका (6,276 आविष्कार), कोरिया गणराज्य (4,155 आविष्कार), जापान (3,409) आ भारत (1,350) सामिल बा। भारत जनरेटिव एआई आविष्कार के ममिला में पांचवां सबसे बड़ स्थान बा आ ऊ पांच शीर्ष आवेदकन में, सबसे जादे औसत वार्षिक वृद्धि दर्ज कइल गइल बा, जवन 56 प्रतिशत बा।

रिपोर्ट के अनुसार, जनरेटिव एआई अब जीवन विज्ञान, विनिर्माण, परिवहन, सुरक्षा आ दूरसंचार सहित आउर बेवसायन में फइल रहल बा।

'जनरेटिव एआई जीवन में बहुते बदलाव ला रहल बा' 

WIPO के महानिदेशक डैरेन टैंग कहलें, "जनरेटिव एआई एगो अइसन रूपान्तरकारी प्रौद्योगिकी के रूप में उभरल बा जेमे, हमनी के काम करे, जिनगी जिये आ खेले के तरीकन के पूरा तरे बदल देवे के क्षमता बा। पेटेंटिंग के रुझानन आ डेटा के विश्लेषण से WIPO के ई उमेद बा कि सब लोगन के तेजी से विकसित हो रहल एह तकनीक आ एकर भविष्य के दिशा के समझे में मदद मिली।”

ऊ कहलें कि एह रिपोर्ट से नीति निर्माता के जनरेटिव एआई के आम लोगन के भलाई खातिर विकसित करे में मदद मिली आ ई रिपोर्ट नया आविष्कारकन, शोधकर्ता आ आउर लोगन के जनरेटिव एआई के तेजी से विकसित हो रहल परिदृश्य आ एकरा वैश्विक प्रभाव के समझे में मदद करी।

Tags :
Advertisement