टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Unhappy Leave: ‘अगर खुश नइखी तs ऑफिस अइले के ज़रूरत नईखे’, चाइना के ई कंपनी देतिया छुट्टी

06:45 PM Jul 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

‘अनहैप्पी लीव’ (अनहैप्पी लीव), के सुरुआत चीनी कंपनी के चीनी खुदरा टाइकून यू डोंगलाई कइले बाड़न. एह विचार से कि अगर ओह लोग के कवनो कर्मचारी के हालत ठीक नइखे आ ऊ काम पs ना आवे के चाहत बा तs ऊ ओह दिन के छुट्टी ‘अनहैप्पी लीव’ के रूप में ले सकेला.

साउथ चाइना मॉर्निंग पोस्ट के रिपोर्ट के मुताबिक, कंपनी के इरादा बा कि उs अपना कर्मचारी के काम-जीवन में संतुलन बनाई।

एतना छुट्टी 'अनहैप्पी लीव' में मिल जाई

मार्च 2024 के आखिरी महीना में आयोजित चीन सुपरमार्केट सप्ताह में ‘अनहैप्पी लीव’ छुट्टी के एलान भइल. एकर एलान पांग डोंग लाई के संस्थापक आ अध्यक्ष यू डोंगलाई कइले बाड़न. ई मध्य चीन के हेनान प्रांत में एगो रिटेल चेन कंपनी हवे।

उs कहले कि उनुका के दिहल छुट्टी के अलावे कर्मचारी अपना पसंद के मुताबिक अलग-अलग 10 दिन अवुरी छुट्टी ले सकतारे।

बता दीं, ई आयोजन छह दिन के कार्यक्रम रहे जवन देश के सुपरमार्केट क्षेत्र के विकास के बढ़ावा देवे खातिर शुरू भईल रहे।

छुट्टी लेवे से इनकार कईल उल्लंघन होई

'अनहैप्पी लीव' के घोषणा करत यू डोंगलाई कहले कि, 'हम चाहतानी कि हर कर्मचारी के आजादी होखे।' कबो-कबो सभका संगे अयीसन होखेला कि उs लोग के नौकरी पs आवे के मूड में नईखन। अइसना में अगर रउरा खुश ना होखीं तs आफिस आवे के कवनो जरुरत नइखे.

अपना बात के आगे साफ करत उ कहले कि, 'प्रबंधन कवनो कर्मचारी के इ छुट्टी लेवे से मना नईखे क सकत।' मना कइल एगो उल्लंघन होखी

ओवरटाइम काम आ अउरी चीजन के कारन दुखी होखे के कारण 

यू डोंगलाई के शुरू कइल “अनहैप्पी लीव” के विचार के सोशल मीडिया पs बहुते समर्थन मिल रहल बा.

चीन में 2021 में कामकाजी जगह पs चिंता के लेके एगो सर्वेक्षण भईल रहे, जवना के मुताबिक, 65 प्रतिशत से जादे कर्मचारी काम पs थकान अवुरी दुखी महसूस करेले।

खबर बा कि कम मजदूरी, तनावपूर्ण अंतर-व्यक्तिगत संबंध, अवुरी ओवरटाइम काम करे के संस्कृति कर्मचारी के असंतोष के मुख्य कारण बा। मार्च 2023 में यू एगो भाषण दिहलें जेह में ऊ चीनी कंपनी सभ के मालिक लोग के संस्कृति के आलोचना कइलें जे लंबा काम के समय के वकालत करेलें।

उs कहले कि, कर्मचारी के ओवरटाइम काम करावल अनैतिक बा अवुरी दोसरा के विकास के मौका के उल्लंघन बा।

अगर हमनी के भारत के काम संस्कृति में एह विचार के देखल जाव तs निर्धारित घंटो से अधिका काम कइल, छुट्टी ना मांगल, ठीक ना होखे के बादो काम पs आवे, काम करे में असमर्थ महसूस कइला पs भी काम कइल आदि देखल जाला कर्मचारी के सकारात्मक कार्य से जोड़ के। एह सब चीजन के भारतीय कंपनियन में हमेशा से एगो बढ़िया कर्मचारी आ रोल मॉडल के रूप में देखल गइल बा. एकरा संगे जवन कर्मचारी निर्धारित समय काम कईला के बाद जादा घंटा ना लगावेले चाहे छुट्टी ना मांगेले, ओ कर्मचारी के गैर जिम्मेदार मानल जाला अवुरी देखल जाला। अइसना में ओह लोग के मानसिक स्वास्थ्य आ दुख के भी ना देखल जाला। एह लोग के दिल के हालत के बारे में ना पूछल जाला बाकिर समय सीमा के बारे में निश्चित रूप से पूछल जाला

बेहतर काम आ नया विचार खाली एगो स्वस्थ कर्मचारी पैदा कs सकेला. तनाव में आ समय सीमा से घिरल लोग भी छुट्टी लेवे के बारे में सौ बेर सोचेला। अपना काम पूरा करत भी मानसिक तनाव के चलते आगे बढ़े में असमर्थ बाड़े।

चीनी कंपनी के इs विचार सराहनीय बा। एकरा संगे इs भारतीय कार्य संस्कृति अवुरी ओ कंपनी खातीर खाली एगो सवाल चाहे व्यंग्य बा, जवन कि छुट्टी के समय भी अपना कर्मचारी से काम करे के उम्मीद करेला।

 

 

Tags :
ChinaChinese CompanyCompanyUnhappy LeaveYu Donglai
Advertisement
Next Article