For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Chirag Paswan: चिराग पासवान के साथे बइठल मिस्ट्री गर्ल के हो गइल खुलासा, जानीं के हऽ इ खूबसूरत लइकी?

10:38 AM Jun 23, 2024 IST | Sonu Kishor
chirag paswan  चिराग पासवान के साथे बइठल मिस्ट्री गर्ल के हो गइल खुलासा  जानीं के हऽ इ खूबसूरत लइकी
Advertisement

Chirag Paswan: चिराग पासवान बिहार में एक बार फेर से अपना हिस्सा में आइल 5 में से 5 लोकसभा सीट जीतके आपन पावर देखा देले बाड़न। उऽ साबित कऽ देले बाड़न कि बिहार में उनकर जलवा बरकरार बा। अतने ना चिराग पासवान आउरो वजहन से आजकल सुर्खियन में बाड़न। एही उऽ सोशल मीडिया पs एगो लइकी के साथे वायरल तस्वीर के लेके चर्चा में बाड़न।

Advertisement

चिराग पासवान सफलता के बुलंदियन के तेजी से छूवत नजर आ रहल बाड़े। बिहार में 5 में 5 लोकसभा सीट जीत के उऽ फेर देखा  देले कि अबहिंयो पावरफुल बाड़न। अतने ना सियासी हिस्सा के छोड़ दिहल जाव तऽ उऽ ए घरी लइकियन के बीचो जबरदस्त तरीका से छा गइल बाड़न।

कहल तऽ इहो जा रहल बा कि ए घरी चिराग पासवान (Chirag Paswan) नेशनल क्रश बनल बाड़न। उहे एह सब के बीच अब उनकर बियाह के चरचो जोर पकड़ लेले बा। उनकर माइयो अब इशारा कऽ देले बाड़ी कि अब चिराग पासवान के शादी करे के समय हो गइल बा।

मिस्ट्री गर्ल के साथे तस्वीर के बाद चर्चा में चिराग पासवान

बाकिर एह सब के बीच अब चिराग पासवान एक बार फेर से सोशल मीडिया में चर्चा में आ गइल बाड़न। दरअसल, सोशल मीडिया में एगो तस्वीर वायरल हो रहल बा जवना के लेके सोशल मीडिया में तरह-तरह के अटकल लगावल जा रहल बा। बाकिर आज हम रउआ सभे के एह तस्वीर से पर्दा हटावे वाला बानी। हम बताइब कि आखिर चिराग पासवान के साथे बइठल लइकी के हऽ ? कवना परिवार से नाता राखेलें ?

चिराग के साथ बइठल लइकी दिग्गज नेता के बेटी

दरअसल, चिराग पासवान के साथ बइठल लइकी दिग्गज नेता आ उत्तराखंड के पूर्व सीएम रमेश पोखरियाल निशंक के बेटी आरुषि निशंक हई। आरुषि निशंक सोशल मीडिया पs अक्सर एक्टिव रहेली । इंस्टाग्राम पs उनकर शानदार स्टोरी आ तस्वीर मौजूद बा।

का करेली आरुषि निशंक

बता दी कि आरुषि निशंक फिल्म में एक्टिंग करेली। हाले में उनकर फिल्म तारिणी रिलीज भइल बा। एह फिल्म में उऽ शानदार एक्टिंग कइले बाड़ी। एकरा अलावा आरुषि स्पर्श गंगा एनजीओ के को फाउंडरो हई। उऽ सामाजिक कार्यन में बढ़ चढ़के हिस्सा लेवेली।

चिराग के साथे तस्वीर अइला पऽ सोशल मीडिया पऽ लागे लगल अटकल

बता दी कि चिराग पासवान के साथ आरुषि के तस्वीर आवते कई तरे के अटकल लागे लगल बा। चिराग पासवान के तऽ बियाह के बधाइयो मिले लागल। अतने ना एगो लइकी लिखलस कि हे भगवान हमार दिले टूट गइल, अब हम का करीं। ओहिजा एगो सोशल मीडिया यूजर लिखलस कि चिराग पासवान से बियाह कऽ लीहीं, जोड़ी जम रहल बा। ओहिजा दूसरका यूजर लिखलस कि रउआ चिराग पासवान से बियाह कऽ के बिहार के पतोह बन जाई।

Tags :
Advertisement