टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा जंक्शन से चली छपरा कचहरी-गोमती नगर एक्सप्रेस, देखीं रूट आ टाइमिंग

12:22 PM Nov 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा कचहरी-गोमती नगर एक्सप्रेस अब छपरा जंक्शन से चली।
Advertisement

छपरा। यात्रियन के सुविधा के ध्यान में रखत रेलवे प्रशासन गाड़ी संख्या 15114/15113 छपरा कचहरी-गोमती नगर एक्सप्रेस के संचलन अब छपरा कचहरी के जगह छपरा जंक्शन तक करे के निर्णय लेले बा। ई बदलाव यात्रियन के मांग के ध्यान में रखत कइल गइल बा। ई ट्रेन छपरा से मशरख, कप्तानगंज आ गोरखपुर होत लखनऊ तक के सफर करेले।  छपरा के उत्तरी हिस्सा आ गोपालगंज जिला के यात्रियन खातिर ई ट्रेन लखनऊ तक के यात्रा में सहूलियत प्रदान करेला। ई क्षेत्र से लखनऊ तक जाने वाली एकमात्र ट्रेन बिया।

Advertisement

एह बदलाव से यात्रियन के ना खाली छपरा जंक्शन से ट्रेन पकड़े के सुविधा मिली , बल्कि सफर में समय आ संसाधनन के बचतो होई। ट्रेन के सब स्टेशनन पs समय-सारणी में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल, आ ई पहिलही लेखा रहे। रेलवे प्रशासन के ई डेग यात्रियन के बढ़त मांग आ उनका सफर के सुगम बना के दिशा में एगो सकारात्मक प्रयास बा।

इहों पढ़ीं: आईपीएल 2025: मेगा नीलामी में टूटल कइयन गो रिकॉर्ड, 13 साल के खिलाड़ी पs लागल बोली

एह रूट से होके चली छपरा कचहरी-गोमती नगर एक्सप्रेस

-छपरा जं. से चले वाली ट्रेन संख्या 15114 छपरा जं.-गोमती नगर एक्सप्रेस छपरा जं. से 18:50 बजे प्रस्थान कs के छपरा कचहरी 19:05 बजे पहुंचके 19:10 बजे छूटी।

-गोमती नगर से से चले वाली 15113 गोमती नगर-छपरा जं. एक्सप्रेस छपरा कचहरी से 08:40 बजे पहुंचके आ 08:45 बजे छूटके छपरा जं. 09:00 बजे पहुँची।

Advertisement
Next Article