टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

डीडीयू के फाइन आर्ट्स के संस्थापक आचार्य KN MATHUR के नागरिक समाज देलस श्रद्धांजलि

05:50 PM Jan 22, 2025 IST | Anurag Ranjan
Advertisement

गोरखपुर : डीडीयू के फाइन आर्ट्स विभाग के संस्थापक आचार्य रहल कैलाश नारायण माथुर (KN Mathur) के इयाद में बुध के श्रृद्धांजलि सभा, शांति पाठ आ भंडारा के आयोजन भइल। ऊ ललित कला में अपना विशेष जोगदान खातिर खासा चर्चित रहस। गौर करे वाला बात बा कि उनकर निधन बीतल 10 जनवरी के हो गइल रहे। भंडारा में बड़ संख्या में नागरिक समाज के लोग सामिल भइल आ उनका के इयाद कइल।

Advertisement

प्रो. माथुर कला के क्षेत्र में आपन साहित्यिक गतिविधियन आ भारतीय कला पs सारगर्भित काम करे खातिर समूचा देस में विख्यात रहस। उनकर शिक्षण कार्यकाल के गोरखपुर के बौद्धिक समाज में एगो मानक के रूप में स्थान प्राप्त बा।

डीडीयू के फाइन आर्ट्स के पूर्व विभागाध्यक्ष आ उत्तर प्रदेश कला कला अकादमी के सदस्य रहल डॉ. भरण भूषण केएन माथुर के इयाद करत कहलें कि ऊ एगो बेहतरीन शिक्षक आ अनुशासित शिक्षक के संगे-संगे अभिभावको रहस। उनका भारतीय प्रवर्ध कला आ पाश्चात्य कला पs समान अधिकार रहे। छापा कला पs उनकर कइयन गो प्रसिद्ध पुस्तक बा। उनकर कृतियन राष्ट्रीय स्तर पs प्रदर्शित होत रहल।

विश्वविद्यालय के हेल्थ सेंटर में 35 बरिसन तक कार्यरत रहल डॉ. आनंद किशोर उनका के नमन करत कहलें कि ऊ एगो अभिभावक के रूप में रहस। अच्छा व्यक्तित्व के धनी होखला के संगही ऊ सहजता आ सरलता के संगे सबका खातिर उपलब्ध रहस।

पत्रकारिता पाठ्यक्रम के वर्तमान समन्वयक प्रो. राजेश मल्ल केएन माथुर के इयाद करत कहलें कि ऊ विश्वविद्यालय के आचार्यन के परंपरा के बड़ स्तंभ रहस। ऊ ओह समय के एकलौता आचार्य रहस,जेकरा पीछे विद्यार्थियन के भीड़ लागल करत रहे। उनकर पढ़ावल कइयन गो विद्यार्थी कला के क्षेत्र में देसभर में नाम कमवले बाड़ें। विश्वविद्यालय से जुड़ल रहला केइ बादो गोरखपुर के नागरिक समाज आज उनका के जवना तरे इयाद कs रह बा, ई उनकर ख्याति के दरसावत बा।

रसायन विभाग के पूर्व आचार्य रहल डॉ. शिवशरण दास केएन माथुर के इयाद करत कहलें कि उनकर संबंध विश्वविद्यालय से जुड़े से पहिले से रहल बा। हमनी के अलग-अलग कला प्रतियोगित में उनका के बतौर जज आमंत्रित करत रहनी सs। उनकर फैसला निष्पक्ष होखल करत रहे कि प्रतिभागी ओकरा के सहर्ष स्वीकार करत रहे लो। प्रतिभागियन के उनकर हमेसा मार्गदर्शन प्राप्त होत रहल बा।

Read Also: महाकुंभ 2025: बुध से मेला खातिर स्पेशल ट्रेन, जानीं कइसे जा सकत बानी प्रयाग

Tags :
DduFine Artsfine arts ex pro. kn mathurgorakhpurgorakhpur newstribute to kn mathur
Advertisement
Next Article