टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वक्फ बोर्ड के बइठक में BJP आ TMC सांसद के बीच झड़प

04:30 PM Oct 22, 2024 IST | Sonu Kishor
क्फ बोर्ड के बइठक में भाजपा आ टीएमसी के सांसद के बीच झड़प।(फोटो सोर्स: एएनआई)
Advertisement

वक्फ बोर्ड के बइठक में भाजपा आ टीएमसी के सांसदन का बीच झड़प हो गइल। टीएमसी के सांसद कल्याण बनर्जी अउरी भाजपा सांसद अभिजीत गंगोपाध्याय के बीच गरमागरम बहस भइल। विवाद एतना बढ़ गइल कि कल्याण बनर्जी कांच के बोतल उठा के टेबुल पऽ फेंक देले, जवना के चलते उऽ घायल हो गइले। एकरा बाद बइठक स्थगित कऽ दिहल गइल।

Advertisement

वक्फ बिल पऽ जेपीसी के बइठक।  वक्फ बोर्ड के बइठक में भाजपा अउरी टीएमसी के सांसद के बीच झड़प भइल। घटना के प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक टीएमसी के सांसद कल्याण बनर्जी आ भाजपा सांसद अभिजीत गंगोपाध्याय के बीच झड़प हो गइल। झड़प के बाद बइठक स्थगित कऽ दिहल गइल

सूत्र के मुताबिक घायल होखला के बाद कल्याण बनर्जी के तुरंत प्राथमिक चिकित्सा खातिर ले जाइल गइल। हाथ में चार गो टांका लागल।

टीएमसी सांसद घायल हो गइले 

मुलाकात के दौरान दुनो नेता के बीच झगड़ा भइल।  झड़प के दौरान कल्याण बनर्जी ओहिजा राखल कांच के पानी के बोतल उठा के टेबुल पऽ पटक देले आ गलती से घायल हो गइले। समाचार एजेंसी एएनआई के वीडियो में देखल जा सकऽता कि कल्याण बनर्जी के आईएमआएईम सांसद असदुद्दीन ओवैसी पकड़ के ले जा रहल बाड़े।

अभिजीत गंगोपाध्याय कल्याण बनर्जी के बयान पऽ आपत्ति जतवले रहले।

एह बइठक में बहुते रिटायर्ड जज, सीनियर एडवोकेट आ बहुते लोग मौजूद रहे। मुलाकात के दौरान अचानक कल्याण बनर्जी उठ के बोले लगले। जब उऽ बोले लगले तऽ अभिजीत गंगोपाध्याय आपत्ति जतवले, जेकरा बाद दुनो सांसद के बीच बकझक शुरू हो गइल।

कल्याण बनर्जी एक दिन खातिर निलंबित 

जब दुनो सांसद के बीच बहस चलत रहे तऽ कल्याण बनर्जी खिसिया के लगे राखल कांच के बोतल के टेबुल पऽ फेंक देले। कल्याण बनर्जी कहलन कि हमरा कुछ पूछे के बा। एह मामिला पऽ चेयरमैन उनका के रोक दिहलन। एकरा बाद भाजपा सांसद अभिजीत गंगोपाध्याय अउरी टीएमसी के सांसद कल्याण बनर्जी के बीच गरमागरम बहस शुरू हो गइल। एह घटना के बाद कल्याण बनर्जी के जेपीसी से एक दिन खातिर निलंबित कऽ दिहल गइल।

Tags :
BJP leadersdeshPoltics NewstmcTMC LeaderWaqf board
Advertisement
Next Article