For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नासिक में दु समूहन में झड़प-पथराव, 6 पुलिसकर्मी घायल, बांग्लादेश में हिंदुअन पs अत्याचार के करत रहले विरोध

10:18 AM Aug 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
नासिक में दु समूहन में झड़प पथराव  6 पुलिसकर्मी घायल  बांग्लादेश में हिंदुअन पs अत्याचार के करत रहले विरोध
Advertisement

Advertisement

उत्तरी महाराष्ट्र के जलगांव आ नासिक शहर में बियफे के दिने तनाव मच गइल जब बांग्लादेश में हिन्दू लोग पs होखत अत्याचार के खिलाफ एगो हिन्दू संगठन के आहूत बंद के दौरान दू गो समूहन के बीच झड़प हो गइल आ पत्थरबाजी हो गइल. एकरा संगे स्थिति के काबू में राखत 6 से जादे पुलिसकर्मी घाही हो गईले। भद्रकाली इलाका में तब तनाव पैदा हो गइल जब बांग्लादेश में हिन्दू लोग पs हमला के विरोध में मुंबई से करीब 200 किलोमीटर दूर नासिक में सकल हिन्दू समाज के ओर से आहूत बंद के दौरान दु समूह के बीच झड़प हो गईल।

पुलिस भीड़ के तितर-बितर करे खातीर आंसू गैस के गोला छोड़ देलस। एगो अधिकारी बतवले कि पुलिस तुरंत हस्तक्षेप के स्थिति के काबू में कs लेलस। नासिक पुलिस आयुक्त संदीप कार्णिक कहले कि, स्थिति तनावपूर्ण बा, बाकिर नियंत्रण में बा। भीड़ के तितर-बितर करे खातीर 6 आंसू गैस के गोला अवुरी एक रबर के गोली चलावल गईल। एकरा चलते करीब 6 पुलिसकर्मी घाही हो गईले। इलाका में शांति कायम राखे खातिर राज्य रिजर्व पुलिस बल (एसआरपीएफ) के जवान समेत पुलिस जवानन के तैनात कइल गइल बा.

बदमाश के पकड़े में व्यस्त पुलिस

पुलिस बदमाश के पहचान अवुरी पकड़े में व्यस्त बिया। नासिक पुलिस के ओर से जारी विज्ञप्ति में कहल गईल कि, एकरा से पहिले भद्रकाली थाना क्षेत्र में दु समूह के बीच झड़प के खबर आईल रहे। हमनी के अलर्ट टीम तुरंत कार्रवाई कईलस अवुरी स्थिति पs नियंत्रण कs लेलस। हमनी के एs घटना के सिलसिला में मामला दर्ज कs के बदमाश के गिरफ्तार करे के कोशिश करतानी। शांति कायम राखे खातिर अतिरिक्त बल तैनात कइल गइल बा.

बंद के विरोध के लेके झड़प

नासिक के भद्रकाली इलाका में शुक के दुपहरिया में तब तनाव पैदा हो गईल जब मोटरसाइकिल रैली के संगे सकल हिन्दू समाज के सदस्य के ओर से निकालल विरोध मार्च इहाँ पहुंचल। दरअसल बंद के उल्लंघन करत कुछ दोकान खुलल मिलल। पुलिस के मुताबिक, जब सकल हिन्दू समाज के सदस्य ओ दोकान बंद करे के अपील कईले तs दुनो समूह के बीच बहस हो गईल, जवन कि जल्दिए झड़प में बदल गईल, जवना के दौरान पत्थरबाजी भईल अवुरी कुछ गाड़ी के नुकसान पहुंचल। मुंबई से करीब 400 किलोमीटर दूर जलगांव में जब सकल हिन्दू समाज के ओर से निकालल गईल मार्च के दौरान कुछ अज्ञात लोग दुपहिया शोरूम पs पत्थरबाजी कईले।

दु पहिया शोरूम में फेंकल गइल पत्थर

एगो अधिकारी कहले कि, 'बांग्लादेश में हिन्दू पs हिंसा के विरोध में सकल हिन्दू समाज के ओर से निकालल गईल जुलूस के दौरान आज सबेरे जलगांव शहर में भईल इs घटना। कुछ अनजान लोग दुपहिया शोरूम पs कुछ पत्थर फेंकले।'' उs कहले कि एs घटना में शोरूम के शीशा के नुकसान पहुंचल बा। पुलिस अधिकारी कहले कि, "सकल हिन्दू समाज के सैकड़ों समर्थक विरोध जुलूस में भाग लेले अवुरी बाद में प्रदर्शनकारी जिला मजिस्ट्रेट के कार्यालय में जाके अपना मांग के ज्ञापन देले उs कहले कि एs घटना से कुछ समय ले तनाव पैदा भईल, बाकिर स्थानीय पुलिस के हस्तक्षेप के बाद स्थिति काबू में आ गईल। अधिकारी बतवले कि एहतियात के तौर पs शहर में पुलिसकर्मी के तैनाती कईल गईल बा

Tags :
Advertisement