टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

तिहाड़ से बाहर आवते एक्शन में CM केजरीवाल, सब विधायकन के बोलवले बइठक; एह मुद्दन पऽ हो सकऽता चर्चा

06:17 PM May 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Arvind Kejariwal: सीएम अरविंद केजरीवाल शुक के अंतरिम जमानत पs रिहा हो गइले। उहे अब केजरीवाल अपना सब विधायकन के बइठक बोलवले बाड़े। ई बइठक सीएम आवास पs ऐतवार के भोरे होई। एमें सब विधायकन के उपस्थित रहे खातिर कहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि सीएम केजरीवाल अपना सब विधायकन के साथे चुनाव सहित सरकार के विभिन्न रणनीतियन पs चर्चा कर सकत बाड़े।

Advertisement

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल शुक के अंतरिम जमानत पs जेल से बाहर अइला के बाद हरकत में आ गइल बाड़े। शनिचर के भोरे उऽ पहिले कनॉट प्लेस में इस्थित हनुमान मंदिर गइले, फेर दुपहरिया में उऽ पार्टी कार्यालय में प्रेस के संबोधित कइले। एमें उऽ बीजेपी पs जमके हमला बोलले। एमें उऽ कई हो दावा कइले, जवना में गइला दू महीना में यूपी के सीएम के पद से हटावे के बयान प्रमुख बा।

एही बीच, सीएम केजरीवाल अपना सब विधायकन के बइठक बोलवले हऽ। ई बइठक सीएम आवास पs ऐतवार के भोरे होई। एमें आप सब विधायकन के उपस्थित रहे खातिर कहल गइल बा। मानल जा रहल बा कि सीएम केजरीवाल अपना सब विधायकन के साथे लोकसभा चुनाव सहित सरकार के विभिन्न रणनीतियन पs चर्चा कर सकत बाड़े। ई बैठक सिविल लाइंस इस्थित आवास पs होई।

बता दी, केजरीवाल के जेल में होखे के कारण कई गो सरकार काम रूकल रहे आ कई हो फाइलन पs हस्ताक्षर ना हो पावत रहे। हालांकि उऽ बहुत जरूरी होखले पऽ फाइलन पs साइन कऽ पइहें।

भ्रष्टाचार के मुदा पऽ पीएम मोदी पऽ हमला

बता दें, केजरीवाल ने भ्रष्टाचार के मुद्दों पर पीएम मोदी के जम के घेरले। उऽ कहले कि नरेंद्र मोदी देश के सबसे बड़ चोर, उच्चकन आ डकैतन के अपना पार्टी में इकट्ठा कइले बाड़े आ केहेले कि हम भ्रष्टाचार से लड़ रहल बानी। मोदी जी, जदि रउआ भ्रष्टाचार से लड़े के सीखे के बा तऽ अरविंद केजरीवाल से सिखी। भ्रष्टाचार के खिलाफ केजरीवाल लड़ाई लड़ले बाड़े। हम भ्रष्टाचार के मामला में अपना मंत्रियन के कबहू नइखी छोड़ले। विपक्ष आ मीडिया के ना मालूम होखला के बादो उऽ लोगन के जेल भेज देनी।

Tags :
Aravind KejriwalArvind Kejariwal Delhi cmcm arvind KejariwalCM Arvind KejriwalDelhi newsKejriwalLoksabha ElectionsLoksabha Elections 2024
Advertisement
Next Article