For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

HC के फैसला के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट जइहें CM केजरीवाल, याचिका खारिज होखला पऽ AAP के आइल प्रतिक्रिया

06:28 PM Apr 09, 2024 IST | Sonu Kishor
hc के फैसला के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट जइहें cm केजरीवाल  याचिका खारिज होखला पऽ aap के आइल प्रतिक्रिया
Advertisement

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के हाई कोर्ट से मंगर के दिने बड़ झटका लागल बा। कोर्ट के कहनाम बा कि अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी कानूनी नियमन के उल्लंघन ना रहें । एकरा साथहीं दिल्ली हाई कोर्ट ईडी द्वारा गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला याचिका खारिज कर देलस। अब हाई कोर्ट के फैसला के खिलाफ अरविंद केजरीवाल सुप्रीम कोर्ट जइहें।

Advertisement

गिरफ्तारी कानून के उल्लंघन नइखे - HC

हाई कोर्ट आपन फैसले में कहलस कि कोर्ट के कहनाम बा कि अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी कानूनी प्रावधानों के उल्लंघन ना रहें। रिमांड के अवैध नइखे ठहरावल जा सकत। बता दी कि दिल्ली के मुख्यमंत्री ईडी द्वारा गिरफ्तारी के अलावा बाद के रिमांड के हाई कोर्ट में चुनौती देले।

दिल्ली के मुख्यमंत्री के याचिका पऽ कोर्ट आपन फैसला में कहलस कि ईडी द्वारा इकट्ठा कइल गइल सामग्री से पता चलत बा है कि अरविंद केजरीवाल  साजिश रचले रहलें। केजरीवाल अपराध के आय के उपयोग आ छिपावे में सक्रिय रूप से शामिल रहलें। ईडी के मामला से इहो पता चलत बा कि उऽ निजी तौर पऽ आम आदमी पार्टी के संयोजक के तौर पऽ शामिल रहलें।

गोवा चुनाव पऽ HC का कहलस ?

एकरा अलावा हाई कोर्ट अपना फैसले में कहलस कि हमरा सोझा राखल गइल फाइल आ सामग्री से पता चलत बा कि ईडी कानून के आदेश के पालन कइले रहलें। ट्रायल कोर्ट के आदेश दू लाइन के आदेश ना हऽ। ईडी के लगे मौजूद बयान हवाला डीलरन के साथे-साथे गोवा चुनाव में आप उम्मीदवारो के बा।

सुप्रीम कोर्ट जइहें  केजरीवाल

अब हाई कोर्ट के फैसला के खिलाफ अरविंद केजरीवाल सुप्रीम कोर्ट जइहें । ओने हाई कोर्ट से याचिका खारिज होखला के बाद दिल्ली के मंत्री सौरभ भारद्वाज प्रेस कॉन्फ्रेंस करके कहले कि एक्साइज पॉलिसी मामले में अब तक जवन कुछु भइल बा, ओकरा से कहल जा सकत बा कि पूरा मामला मनी लॉन्ड्रिंग के ना बल्कि देश के सबसे बड़ राजनीतिक साजिश हऽ। ईडी या सीबीआई एको  अवैध रुपया बरामद नइखे कर सकल।

Tags :
Advertisement