टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CM मोहन यादव बदलले बाबा महाकाल के 'शाही सवारी' के नाव, अब ई होई नया पहचान

12:50 PM Sep 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
महाकाल के शाही सवारी के मिलल नया नाव: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

मध्य प्रदेश के सीएम मोहन यादव एगो बड़हन फैसला लिहले बाड़न. सावन महीना में सोमार के दिने उज्जैन में बाबा महाकाल के शाही सवारी से ‘शाही’ शब्द हटा दिहल गइल बा. बता दीं कि संत लोग के मांग रहे कि शाही शब्द इस्लामी साम्राज्य से जुड़ल बा, एही से एकरा के बदले के चाहीं। अब संत-ऋषि-मुनि के ई मांग मान लिहल गइल बा. बता दीं कि उज्जैन के महाकाल में शाही सवारी सिंधिया राजघराना के जमाना से निकलत बा।

राजसी सवारी के नया पहचान 

उज्जैन में सावन के सोमार से शुरू होखे वाला विश्व प्रसिद्ध बाबा महाकाल के शाही सवारी के नाम बदल दिहल गइल बा. संतन के मांग के बाद मोहन यादव शाही सवारी के नाम बदल के राजसी सवारी कs देले बाड़े।  सरकार के मंत्री, केंद्रीय मंत्री अवुरी विधायक एs नाया नाम के समर्थन कईले बाड़े। एकरा से पहिले शाही सवारी के दौरान मुख्यमंत्री डॉ. मोहन यादव उज्जैन पहुंचल रहले अवुरी कहले रहले कि बाबा महाकाल के अंतिम शाही सवारी निकालल जाता, इs सवारी ना हs बाकीर बाबा के सीधा सरोकार जनता से बा। तब से सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs ‘राजसी सवारी’ लिखल मैसेज आवे लागल।

 

 

Tags :
Madhya PradeshMadhya pradesh newsMahakaleshwar TempleMohan YadavTempleUjjain Mahakal Mandir
Advertisement
Next Article