For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

PMCH में 214 परियोजनन के लोकार्पण, 17 के शिलान्यास: सीएम नीतीश कुमार उद्घाटनो कइलें, कइयन गो सुविधा आज से मिले लागी

01:46 PM Feb 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
pmch में 214 परियोजनन के लोकार्पण  17 के शिलान्यास  सीएम नीतीश कुमार उद्घाटनो कइलें  कइयन गो सुविधा आज से मिले लागी
Advertisement

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पीएमसीएच में मंगर के कइयन गो सुविधन के उद्घाटन कइलें। 214 परियोजनन के लोकार्पण आ 17 परियोजनन के शिलान्यास कइल गइल बा। दरअसल, पटना में पीएमसीएच विश्व के दूसरा सबसे बड़ अस्पताल बने जा रहल बा। एह पुनर्विकास योजना के तहत 903.50 करोड़ के लागत से अलग-अलग भवनन के उद्घाटन आ शिलान्यास सीएम नीतीश कुमार कइले बाड़ें।

Advertisement

पीएमसीएच में कइयन गो सुविधा बढ़ जाई 

पीएमसीएच में कइयन गो सुविधा बढ़ जाई। बिहार सरकार 250 करोड़ ग्रीन ग्रिड पs खर्च कs रहल बिया। एकरा संगही नया आधुनिक भवन में ब्लड बैंक के सुविधा सुरू हो रहल बा। एके छत के नीचे थैलेसीमिया, हेमोफीलिया आ एचआईवी संक्रमितन के पूरा तरे से निःशुल्क ब्लड दिहल जाई।

20 विभाग के नया बिल्डिंग में शिफ्ट कइल जाई 

ओहिजा, गायनी, कैंसर, इएनटी के छोड़के 20 विभाग के नया बिल्डिंग में शिफ्ट कइल जा रहल बा। पीएमसीएच में पढ़ाई कs रहल विद्यार्थियन खातिर नया छात्रावासो के उद्घाटन कइल गइल बा। एकरा संगही 750 वाहनन के पार्किंग के सुविधा के इंतजाम कइल गइल बा। एह मवका पs डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा के संगही ऊर्जा मंत्री बिजेन्द्र प्रसाद यादव, सांसद रविशंकर प्रसाद, विधायक अरुण कुमार सिन्हा आ नितिन नवीन मौजूद रहे।

Tags :
Advertisement