सीएम योगी के फेर जान से मारे के धमकी
मुंबई से उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के जान से मारे के धमकी देवे के मुद्दा ठंडा ना भईल रहे कि केहु गोरखपुर पुलिस के एक्स हैंडल पs सीएम के धमकी के स्क्रीनशॉट भेजलस। अबकी बेर धमकी देवे वाला के गोरखपुर निवासी बतावल जाता। पुलिस आरोपी के तलाश शुरू कs देले बिया। गोरखपुर में उs कहाँ रहेला, एकरा बारे में जानकारी एकट्ठा कईल जाता।
कुछ दिन पहिले मुंबई के फातिमा खान सोशल मीडिया के माध्यम से मुख्यमंत्री के जान से मारे के धमकी देले रहली। मुंबई पुलिस अतवार के दुपहरिया में फातिमा के हिरासत में ले लिहले रहुवे. जांच के दौरान उनुका के मानसिक रूप से बेमार पावल गईल। फातिमा के ट्वीट के रिट्वीट करत गोरखपुर के रियाजुल हक अंसारी नाम के एगो आदमी सैफ अंसारी नाम के अपना अकाउंट से ट्वीट कईले बाड़े, जवना में लिखल बा कि 'हम योगी के भी मार देब'।
एह रिट्वीट के संज्ञान लेके वायस आफ हिंदूज नाम के एगो संस्था पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बा। इs संस्था सैफ के आतंकी बतवले बा अवुरी गोरखपुर के निवासी बतवले बिया। एs ट्वीट के बाद गोरखपुर पुलिस सतर्क हो गईल अवुरी रियाजुल हक अंसारी के बारे में जानकारी जुटावल शुरू कs देलस। एसपी सिटी अभिनव त्यागी के कहनाम बा कि मामला उनुका संज्ञान में आईल बा। खाताधारक के पता लगावल जा रहल बा। पुलिस एह तरह के तत्वन से कड़ाई से निपटे के बात कहले बिया.