टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CM Yogi In Prayagraj : सीएम योगी अखाड़ा परिषद के साथे कइले बइठक

02:04 PM Oct 06, 2024 IST | Sonu Kishor
अखाड़ा परिषद आ संतन के साथे बइठक करत सीएम योगी।
Advertisement

माई गंगा के पूजा के बाद संगमनगरी पहुंचले मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ महाकुंभ के तहत चल रहल काम के जायजा लेले। सीएम परेड मैदान में बनल पंडाल में अखिल भारतीय आखरा परिषद के अधिकारी आ प्रमुख ऋषि-संत लोग से बइठक कइलन। एह दौरान सीएम संत लोगन के अंगवस्त्रम से स्वागत कइलन। बइठक में संत लोग महाकुंभ में सुरक्षा आ सुविधा के लेके आपन मांग सीएम के सोझा रखले। संत लोग अधिकारी लोग पs मनमानी के आरोपो लगवले। कहलन कि मेला में संत-ऋषि के समस्या समय रहते समाधान ना हो पावेला।

Advertisement

संगम के किनारे माई गंगा के पूजा आ आरती के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के संगम के किनारे इस्थित बड़े हनुमानजी के दर्शन कइले। एह मौका पs मेयर गणेश केसरवानी, सांसद प्रवीण पटेल, विधायक सिद्धार्थनाथ सिंह, पीयूष रंजन निषाद, गुरु प्रसाद मौर्य, हर्षवर्धन बाजपेयी आदि मौजूद रहले।

सीएम के आगमन के देखत सुरक्षा के विस्तृत इंतजाम कइल गइल। हर कोना-कोना में पुलिस बल तैनात रहे। आलोपीबाग आ संगम इलाका में रूट डायवर्सन कइल गइल। एतवार के चलते यातायात के कवनो भारी दबाव ना रहे।

Tags :
Cm Aditya nath YogiCm in Sangam nagarCM Yogi Aditaynathsangam Nagri
Advertisement
Next Article