CM Yogi Visit: मुरादाबाद में 401 करोड़ परियोजना के दीहें सौगात सीएम योगी
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के दिने मुरादाबाद में 401 करोड़ रुपिया के परियोजना के उद्घाटन आ शिलान्यास करीहें। इहाँ के डॉ. भीमराव अम्बेडकर पुलिस अकादमी में डिप्टी एसपी के बैच के पासिंग आउट परेड में उऽ सलामियो लीहें।
एकरा संगे-संगे उऽ लोग रोजगार मेला में भाग लीहें, जहां पांच हजार से जादे युवा के नियुक्ति पत्र दिहल जाई। सीएम शहर में करीब साढ़े चार घंटा बितईहें। डीएम अनुज सिंह बतवले कि सीएम 2 सितंबर के सबेरे 10:40 बजे पुलिस अकादमी पहुंच जइहें।
उहाँ उऽ डिप्टी एसपी के परेड के सलामी लीहे। एकरा बाद उऽ आर्यभट्ट इंटरनेशनल स्कूल पहुंच के दुपहरिया 12.30 से उहाँ आयोजित रोजगार मेला में भाग लीहें। ए दौरान सीएम से 11 युवक के नियुक्ति पत्र मिली।
एकरा अलावे अलग-अलग योजना के पांच लाभार्थी के टैबलेट, चेक, घर के चाभी देवे के कार्यक्रम बा। सीएम के ओर से विकास परियोजना के उद्घाटन आ शिलान्यास के कार्यक्रम अवुरी जनसभो उहाँ होई। एकरा बाद सीएम भाजपा के नेता लोग के संगे मुलाकात करीहें।
उऽ अधिकारी के संगे समीक्षा बइठको कर सकऽतारे। मूंढापांडे हवाई अड्डा खातिर उनकर प्रस्थान दुपहरिया 3:15 बजे प्रस्तावित बा।
मुख्यमंत्री के कार्यक्रम खातिर भारी बल तैनात गइल गइल
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सुरक्षा खातिर शहर में डेढ़ हजार पुलिस बल के अलावे आर्यभट्ट स्कूल से ढाई कंपनी पीएसी के तैनाती कइल गइल बा। डीआईजी मुनिराजजी जिला के सुरक्षा व्यवस्था के बारे में भी जानकारी लेले।
एसएसपी सतपाल अंटिल एतवार के रात आर्यभट्ट इंटर नेशनल स्कूल में पुलिस अधिकारियन से बइठक कइलन। सुरक्षा खातिर 10 एएसपी, 30 सीओ, 55 एसएचओ आ इंस्पेक्टर, 300 इंस्पेक्टर, 900 पुलिसकर्मी आ 2.5 कंपनी पीएसी सैनिक के तैनात कइल गइल बा।
स्कूल के छतो पs जवान के तैनाती कइल गइल बा। पुलिस अधिकारी रात में सुरक्षा के रिहर्सलो कइले ताकि अनजाने में कवनो घटना ना होखे।
6 घंटा ले सड़क मार्ग के बस शहर में ना आई
पुलिस प्रशासन योगी के मुरादाबाद यात्रा के लेके सुरक्षा के इंतजाम कड़ा करे में व्यस्त बा। सुरक्षा के ध्यान में राखत पुलिस अधिकारी रूट डायवर्सन करे के फैसला कइले बाड़े। सोमार के दिने शहर के डायवर्ट मार्ग पर रोडवेज बस सबेरे आठ बजे से दुपहरिया में कार्यक्रम खतम होखे ले चली।