टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CM Yogi Visit: मुरादाबाद में 401 करोड़  परियोजना के दीहें सौगात सीएम योगी

10:38 AM Sep 02, 2024 IST | Sonu Kishor
सीएम आदित्य नाथ योगी
Advertisement

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमार के दिने मुरादाबाद में 401 करोड़ रुपिया के परियोजना के उद्घाटन आ शिलान्यास करीहें। इहाँ के डॉ. भीमराव अम्बेडकर पुलिस अकादमी में डिप्टी एसपी के बैच के पासिंग आउट परेड में उऽ सलामियो लीहें।

Advertisement

एकरा संगे-संगे उऽ लोग रोजगार मेला में भाग लीहें, जहां पांच हजार से जादे युवा के नियुक्ति पत्र दिहल जाई। सीएम शहर में करीब साढ़े चार घंटा बितईहें। डीएम अनुज सिंह बतवले कि सीएम 2 सितंबर के सबेरे 10:40 बजे पुलिस अकादमी पहुंच जइहें।

उहाँ उऽ डिप्टी एसपी के परेड के सलामी लीहे। एकरा बाद उऽ आर्यभट्ट इंटरनेशनल स्कूल पहुंच के दुपहरिया 12.30 से उहाँ आयोजित रोजगार मेला में भाग लीहें। ए दौरान सीएम से 11 युवक के नियुक्ति पत्र मिली।

एकरा अलावे अलग-अलग योजना के पांच लाभार्थी के टैबलेट, चेक, घर के चाभी देवे के कार्यक्रम बा। सीएम के ओर से विकास परियोजना के उद्घाटन आ शिलान्यास के कार्यक्रम अवुरी जनसभो उहाँ होई।   एकरा बाद सीएम भाजपा के नेता लोग के संगे मुलाकात करीहें।

उऽ अधिकारी के संगे समीक्षा बइठको कर सकऽतारे। मूंढापांडे हवाई अड्डा खातिर उनकर प्रस्थान दुपहरिया 3:15 बजे प्रस्तावित बा।

 मुख्यमंत्री के कार्यक्रम खातिर भारी बल तैनात गइल गइल

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सुरक्षा खातिर शहर में डेढ़ हजार पुलिस बल के अलावे आर्यभट्ट स्कूल से ढाई कंपनी पीएसी के तैनाती कइल गइल बा। डीआईजी मुनिराजजी जिला के सुरक्षा व्यवस्था के बारे में भी जानकारी लेले।

एसएसपी सतपाल अंटिल एतवार के रात आर्यभट्ट इंटर नेशनल स्कूल में पुलिस अधिकारियन से बइठक कइलन। सुरक्षा खातिर 10 एएसपी, 30 सीओ, 55 एसएचओ आ इंस्पेक्टर, 300 इंस्पेक्टर, 900 पुलिसकर्मी आ 2.5 कंपनी पीएसी सैनिक के तैनात कइल गइल बा।

स्कूल के छतो पs जवान के तैनाती कइल गइल बा। पुलिस अधिकारी रात में सुरक्षा के रिहर्सलो कइले ताकि अनजाने में कवनो घटना ना होखे।

 6 घंटा ले सड़क मार्ग के बस शहर में ना आई

पुलिस प्रशासन योगी के मुरादाबाद यात्रा के लेके सुरक्षा के इंतजाम कड़ा करे में व्यस्त बा। सुरक्षा के ध्यान में राखत पुलिस अधिकारी रूट डायवर्सन करे के फैसला कइले बाड़े। सोमार के दिने शहर के डायवर्ट मार्ग पर रोडवेज बस सबेरे आठ बजे से दुपहरिया में कार्यक्रम खतम होखे ले चली।

Tags :
BIHAR poltics NewsCm Aditya nath YogiCM Yogi Aditaynathkhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article