टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CM Yogi आज Noida Airport के निर्माण कार्य के  लिहें जायजा, जानी कब से आम लोग कs सकी सफर

10:14 AM Sep 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

CM Yogi Noida Visit: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंगर के नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट के निर्माण प्रगति के जायजा लिहें। सेमीकान 2024 के उद्घाटन करे 11 सितंबर के ग्रेटर नोएडा पहुंच रहल बाड़ें।

Advertisement

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी (PM Modi Noida Visit) के कार्यक्रम के मद्देनजर मुख्यमंत्री इंडिया एक्सपो मार्ट (India Expo Mart) में तइयारियन के निरीक्षण कs  के अधिकारियन के संगे बैठक करिहें। मुख्यमंत्री के नोएडा एयरपोर्ट (Noida International Airport) पs निरीक्षण कार्यक्रम के देखत यमुना प्राधिकरण के अधिकारी सोमार के साइट पs व्यवस्थन के दुरुस्त करावे में दिन भर जुटल रहे लो।

अगिला साल अप्रिल में एयरपोर्ट से यात्री सेवा के दावा

नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट के निर्माण पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निगाह बा। अगिला साल अप्रिल में एयरपोर्ट से यात्री सेवा के सुरुआत के दावा कइल जा रहल बा।

एयरपोर्ट के निर्माण प्रगति के मुख्यमंत्री पहिलहूं जायजा ले चुकल बाडें। ऊ निर्माण कार्य समय से पूरा करावे खातिर कामगारन आ मशीनन के संख्या बढ़ावे के निरदेस देले रहस। एकरा बाद कामगार आ मशीनन के संख्या के बढ़ावल गइल रहे।

सीएम हेलिकॉप्टर से पहुंचिहें निर्माण साइट

एकरा बावजूद एयरपोर्ट के निर्माण निर्धारित समय से आगे खिसक गइल बा। विकासकर्ता कंपनी आ प्रदेश सरकार के बीच भइल अनुबंध के मोताबिक सितंबर अंत तक निर्माण पूरा होखे के रहे, कंपनी के तीन महीना के अतिरिक्त समय दिहल गइल बा, बाकिर अप्रिल से एयरपोर्ट पs यात्री सेवा के संचालन के दावा कइल गइल बा। मुख्यमंत्री मंगर के दुपहरिया करीब साढ़े तीन बजे हेलिकॉप्टर से मुख्यमंत्री नोएडा एयरपोर्ट के निर्माण साइट पs पहुंचिहें।

रनवे, एटीसी, टर्मिनल बिल्डिंग आदि के निर्माण के प्रगति देला के बाद मुख्यमंत्री विकासकर्ता कंपनी के अधिकारियन के अलावा यमुना प्राधिकरण आ नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट लि. के अधिकारियन के संगे बैठक करिहें।

सीएम के दौरा के लेके देर सांझ तक अधिकारियन के भइल बैठक

एयरपोर्ट के निर्माण प्रगति के मुख्यमंत्री के सम्मुख प्रस्तुतिकरणो होई। एयरपोर्ट के निरीक्षण के बाद मुख्यमंत्री ग्रेटर नोएडा में इंडिया एक्सपो मार्ट पहुंचके सेमीकॉन 2024 के तइयारी के जायजा लिहें।

मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के मद्देनजर यमुना प्राधिकरण के अधिकारी सोमार के एयरपोर्ट साइट पs पहुंचल लो आ विकासकर्ता कंपनी यमुना इंटरनेशनल एयरपोर्ट लि. आउर टाटा प्रोजेक्ट्स के अधिकारियन के संगे बैठक के जरूरी दिशा निरदेस देलें।

प्राधिकरण कार्यालय में भी मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के मद्देनजर देर शाम तक अधिकारियों की बैठक हुई। परियोजना से जुड़े दस्तावेज एवं प्रस्तुतिकरण को तैयार किया गया।

Tags :
Bhojpuri Newscm yogiCM Yogi Noida visitNoida AirportNoida News
Advertisement
Next Article