For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

LPG Price : साल के पहिला दिने मिलल राहत, घट गइल एलपीजी सिलेंडर के दाम, जानीं नया कीमत

08:05 AM Jan 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
lpg price   साल के पहिला दिने मिलल राहत  घट गइल एलपीजी सिलेंडर के दाम  जानीं नया कीमत
Advertisement

Advertisement

एलपीजी के दाम : आज से सस्ता कमर्शियल गैस सिलेंडर मिल जाई। इंडियन ऑयल कॉरपोरेशन लिमिटेड 19 किलो के एह गैस सिलेंडर के नया दाम जारी कइले बिया। हालांकि रसोई में इस्तेमाल होखे वाला एलपीजी सिलेंडर के दाम में कवनो बदलाव नईखे भईल।

हलवाई के दुकान आ बारात में इस्तेमाल होखे वाला व्यावसायिक एलपीजी सिलेंडर आजु से सस्ता हो गइल बा। इंडियन ऑयल कॉरपोरेशन लिमिटेड 19 किलो एलपीजी सिलेंडर के नया दाम जारी कइले बा। सरकारी तेल कंपनी एह गैस सिलेंडर के दाम में मामूली गिरावट कइले बिया। इs नया दाम 1 जनवरी 2024 से लागू हो गईल बा। हालांकि रसोई में इस्तेमाल होखे वाला 14.2 किलो के एलपीजी सिलेंडर के दाम में कवनो बदलाव नईखे भईल।

Tags :
Advertisement