For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नियोजित शिक्षकन खातिर सक्षमता परीक्षा आज से : 9 जिलन के 52 केंद्रन पs आयोजित कइल जाई परीक्षा; 6 मार्च तक चली एग्जाम

09:09 AM Feb 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
नियोजित शिक्षकन खातिर सक्षमता परीक्षा आज से   9 जिलन के 52 केंद्रन पs आयोजित कइल जाई परीक्षा  6 मार्च तक चली एग्जाम
Advertisement

बिहार बोर्ड के ओर से लिहल जाये वाली सक्षमता परीक्षा 26 फरवरी से सुरू हो रहल बा। राज्य के नौ जिलन के 52 कंप्यूटर परीक्षा केंद्रों पs परीक्षा आयोजित कइल जाई। परीक्षा दु पालियन में होई। शिक्षकन खातिर कंप्यूटर केंद्र पs पहिला पाली में रिपोर्टिंग टाइम सबेरे 8:30 बजे से होई। 9:30 बजे के बाद कवनो अभ्यर्थी के एंट्री ना मिली। परीक्षा सबेरे 10:00 बजे से लेके दुपहरिया 12:30 तक होई।

Advertisement

ओहिजा, दूसरका पाली में रिपोर्टिंग टाइम दुपहरिया 1:30 बजे से 2:30 बजे तक निर्धारित कइल गइल बा। परीक्षा तीन बजे से सांझ पांच बजे तक चली। हालांकि, दिव्यांग शिक्षकन खातिर पहिला पाली में परीक्षा 10:00 बजे से 01:20 बजे आ दूसरका पाली में दुपहरिया 03:00 बजे से सांझ 06:20 बजे तक निर्धारित कइल गइल बा।

परीक्षा तिथि में कइल गइल बदलाव

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति सक्षमता परीक्षा के तारीखन में बदलाव कइले बा। पहिला एग्जाम 26 फरवरी से 13 मार्च तक होखे के रहे। जवना के घटाके अब 6 मार्च तक कs दिहल गइल बा। इंटर परीक्षा के मूल्यांकन के चलते बोर्ड ई निर्णय लेले बा।

सक्षमता परीक्षा देला के बाद मूल्यांकन कार्य में नियोजित शिक्षकन के लगावल जाई। बिहार में नियोजित शिक्षकन के संख्या कुल 3.50 लाख के करीब बा। सक्षमता परीक्षा खातिर 2.32 लाख नियोजित शिक्षक ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन कइले बा लो।

लेट से आवे पs ना मिली एंट्री

परीक्षा के शांतिपूर्ण आ कदाचार मुक्त करवावे के लेके बिहार बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर के ओर से नौ जिलन के जिला पदाधिकारी, पुलिस अधीक्षक, जिला शिक्षा पदाधिकारी के आवश्यक निरदेस दिहल गइल बा।

केंद्रन पs पर्याप्त संख्या में पुलिस बल के संगे दंडाधिकारी के प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा। निर्धारित समय के बाद आवे वाला शिक्षकन के प्रवेश के अनुमति ना दिहल जाई।

दुगो ऑफलाइन परीक्षा के होई आयोजन

फिलहाल, अभी नया नियमावली के मोताबिक राज्य कर्मी के दर्जा खातिर नियोजित शिक्षकन के एग्जाम पास करे खातिर तीन मवका दिहल जाई। आगे एकरा के बढ़ाके 5 कइल जाई।

शिक्षा मंत्री विजय कुमार चौधरी कहले रहस कि जेकरा ऑनलाइन परीक्षा देवे में परेसानी बा, ओकरा खातिर दु बेर ऑफलाइन परीक्षा के आयोजन कइल जाई।

59 विषय के होई परीक्षा

26 फरवरी से होखे वाली सक्षमता परीक्षा में अब अलग-अलग कक्षा खातिर सात श्रेणी में कुल 59 विषयन के परीक्षा आयोजित कइल जाई। परीक्षा में कवनो नेगेटिव मार्किंग नइखे। एमे पहिली से पांचवीं में एक विषय के परीक्षा होई।

ओहिजा, छठी से आठवीं में आठ विषयन के परीक्षा होई। एकरा अलावे माध्यमिक (नवमीं से दसवीं) में 19 विषयन आ उच्च माध्यमिक (11वीं से 12वीं) में 31 विषयन के परीक्षा लिहल जाई।

केतना होई प्रश्न, जानीं

प्रारंभिक, हाई आ इंटर स्कूलन में पढ़ावल जाए वाला कोर्स से सवाल पूछल जाई। सक्षमता परीक्षा में कुल 150 वस्तुनिष्ठ प्रश्न होई। एमे कक्षा 1 से 5 खातिर भाषा से 30, सामान्य अध्ययन से 40 आ सामान्य विषय से 80 प्रश्न पूछल जाई।

एही तरे के अंक प्रश्न छठी से आठवीं, नौवी व दसवीं आउर 11वीं व 12वीं के नियोजित शिक्षकन से पूछल जाई।

Tags :
Advertisement