For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दिल्ली में पटाखा पऽ पूर्ण प्रतिबंध: आतिशी सरकार जारी कइलस नोटिफिकेशन

03:05 PM Oct 14, 2024 IST | Sonu Kishor
दिल्ली में पटाखा पऽ पूर्ण प्रतिबंध  आतिशी सरकार जारी कइलस नोटिफिकेशन
प्रस्तुती खातिर तस्वीर
Advertisement

राजधानी दिल्ली में जाड़ा में बढ़त प्रदूषण के देखत 14 अक्टूबर से 1 जनवरी 2025 तक पटाखा पऽ रोक लगा दिहल गइल बा। पटाखा के उत्पादन, भंडारण, बिक्री अउरी इस्तेमाल पऽ रोक लगा दिहल गइल बा। दिल्ली सरकार नोटबंदी के लेके निर्देश जारी कइले बिया। एकरा अलावा दिल्ली के समस्त जनता से सहयोग के निहोरा कइल गइल बा।

Advertisement

9 सितंबर के दिल्ली सरकार वायु प्रदूषण से निपटे खातिर पटाखा के उत्पादन, भंडारण, बिक्री अउरी इस्तेमाल पऽ एक जनवरी तक रोक लगा देले रहे। एकरा खातिर पर्यावरण मंत्री गोपाल राय निर्देश देले रहले। पिछला साल के तरे अबकी बेर सरकार दिल्ली में पटाखा के उत्पादन, भंडारण, बिक्री आ इस्तेमाल पऽ रोक लगा दिहले बिया। एकरा अलावे 1 जनवरी 2025 तक पटाखा के ऑनलाइन बिक्री आ डिलीवरी पऽ रोक लगावल जाई।

पर्यावरण मंत्री गोपाल राय कहले रहले कि प्रतिबंध के कड़ाई से लागू करे खातिर दिल्ली पुलिस, डीपीसीसी अउरी राजस्व विभाग के सहयोग से कार्य योजना बनावल जाई। सरकार प्रदूषण पs नियंत्रण राखे खातिर 21 गो फोकस प्वाइंट के आधार पऽ शीतकालीन कार्य योजना तइयार कर रहल बिया।

 दिल्ली में अवैध पटाखा जब्त

दिल्ली में पटाखा रोक के दौरान पुलिस रविवार के राजधानी के कई इलाका से 1300 किलो से जादा अवैध पटाखा जब्त कऽ लेलस। पुलिस एह मामला में दु लोग के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। जवना में व्यापारी अउरी ओकर ड्राइवर फंस गइल बाड़े।

दिल्ली पुलिस ए पोस्ट के एक्स पऽ शेयर करत लिखले बिया कि गुप्त जानकारी के आधार पऽ पुलिस टीम एनआर-आई दिल्ली के अलग-अलग इलाका में अवैध पटाखा के कारोबार से जुड़ल लोग के खुलासा कइले बिया। अपराध में शामिल एगो व्यापारी अउरी चालक दुनो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। दू गो गोदाम से 1323 किलो प्रतिबंधित पटाखा जब्त कइल गइल बा।

Tags :
Advertisement