टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

'हार के खिसिआहट के हिंदू आस्था से खेलवाड़ कऽ के व्यक्त कर रहल बिया कांग्रेस', राम आ शिव पऽ खरगे के बयान पऽ बोलले सीएम योगी

05:03 PM May 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

सीएम योगी मल्लिकार्जुन खरगे द्वारा भगवान राम आ शिव पs दिहल गइल बयान पs नाराजगी जतवले। उऽ कहले कि कांग्रेस लोकसभा चुनाव में खराब तरीका से पराजित हो रहल बिया आ हार के एही खिसियाहट के उऽ बहुसंख्यक हिंदू समाज के आस्था के अपमानित कऽ के ओकरा साथे खेलवाड़ कऽ के व्यक्त कर रहल बिया। सीएम योगी ई बात अपना सरकारी आवास पs मीडिया से बातचीत में कहले।

Advertisement

बियफे के मैनपुरी, एटा आ फिरोजाबाद में चुनावी जनसभा/रोड शो खातिर निकले से पूर्व आपन सरकारी आवास पs मीडिया से बातचीत में योगी कहले कि चुनाव घरी एह तरह के संवेदनशील मुद्दन के उठा के कांग्रेस भारत के आस्था के साथे बहुसंख्यक समाज के अपमानित करे के काम कर रहल बिया। कांग्रेस ‘आपस में बांटऽ आ राज करऽ’ के अंग्रेजन के नीति पs चल रहल बिया। उऽ जाति, क्षेत्र, भाषा के नांव पs समाज के बांटेले आ अबहियो कर रहल बिया।

कांग्रेस अपना हार के खि‍स‍ियाहट... 

योगी कहले, कांग्रेस के चुनाव घोषणापत्रों में समाज के जातीय आधार पs बांटे के प्रयास कइल गइल बा। देश के भीतर अनुसूचित जाति/जनजाति, पिछड़ा वर्ग के अधिकार के उऽ कइसे अल्पसंख्यकयन के बांटे के कुत्सित चेष्टा कर रहल बिया, एकर छाप ओकरा घोषणापत्र में नजर आ रहल बा। एहिसे कांग्रेस अपना हार के खिसियाहट के हिंदू आस्था के साथे खेलवाड़ करके व्यक्त करल चाहऽ तिया।

योगी कहले कि सनातन धर्म के उपासना विधि में भगवान राम आ शिव अलग-अलग ना बल्कि एक- दोसरा के पूरक हउअन। मर्यादा पुरुषोत्तम प्रभु श्रीराम खुदे शिव के उपासना कइले आ रामचरित मानस में देखब तऽ भगवान शिवो श्रीराम के उपासना कइले। प्रभु राम कहेले कि 'शिवद्रोही मम दास कहावा सो नर मोहि सपनेहु नहि पावा', माने जदि कोई भगवान शिव के द्रोही बा उऽ हमार दास, हमार भक्त कहाए के दंभ पाल के रखले बा तऽ हम सपनो में ओकरा के ना मिलब। अइसने भगवान शिवो कहेले। कांग्रेस अध्यक्ष के वक्तव्य अत्यंत निंदनीय बा। ई कांग्रेस के पतन के एगो नया शुरुआत हऽ।

Tags :
2024 electionAditya nath YogiChunavcm yogiCM Yogi AditaynathCongressLoksabha Elections 2024Uttar Pradesh cm
Advertisement
Next Article