टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur: सड़क हादसा में कांग्रेस के महानगर अध्यक्ष के निधन, पत्नी आ लईकन के चल रहल बा इलाज

11:42 AM Jun 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। कांग्रेस के महानगर अध्यक्ष आशुतोष तिवारी के बीतल रात 12 बजे गाजीपुर-वाराणसी मार्ग पs बिरनो थाना अंतर्गत टोल प्लाजा बिरनो के लगे कार दुर्घटना में निधन हो गइल बा। कार में सवार पत्नी आ दुनो लईकी चोटिल बा लो, जेकर इलाज वाराणसी में चल रहल बा।

Advertisement

आशुतोष, मूल रुप से बदरा के देवेंद्र त्रिपाठी आ ककरही के शिक्षिका स्व. रामा त्रिपाठी के पुत्र रहस। ककरही गांव में रामकृपाल शुक्ल के घर पs इनकर शिक्षा दीक्षा भइल रहे। ऊ उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षणेत्तर एसोसिएशन के कार्यकारी अध्यक्ष आ आचार्य नरेंद्रदेव इंटर कॉलेज लहसड़ी के क्लर्क पद पs रहस। एकरा संगही कांग्रेस कमेटी गोरखपुर के महानगर अध्यक्ष के जिम्मा उनका ऊपर रहे।

आम आदमी पार्टी के जिलाध्यक्ष विजय कुमार श्रीवास्तव एगो फेसबुक पोस्ट के माध्यम से उनका निधन पs आपन शोक व्यक्त करत आपन श्रद्धांजलि देलें। ऊ लिखलें कि हम अपना प्रिय मित्र आ शुभचिंतक के सड़क दुर्घटना में निधन से स्तब्ध बानी। ईश्वर से प्रार्थना करत बानी कि उनका परिवार के दुख सहे के शक्ति देस। उनका निधन के सूचना मिलतही गोरखपुर में उनका समर्थक लोगन में शोक के लहर फइल गइल।

Tags :
Ashutosh TiwariAshutosh Tiwari DeathBhojpuri NewsCongress Mahanagar AdhyakshaCongress Metropolitan Presidentgorakhpur newsroad accident
Advertisement
Next Article