For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पूर्व मंत्री बी नागेंद्र के ईडी कईलस गिरफ्तार

08:59 AM Jul 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
पूर्व मंत्री बी नागेंद्र के ईडी कईलस गिरफ्तार
Advertisement

Advertisement

महर्षि वाल्मीकी अनुसूचित जनजाति विकास निगम में धन के दुरुपयोग के मामिला में ईडी कांग्रेस के मंत्री रहल आ विधायक बी नागेन्द्र के गिरफ्तार कs लिहले बा. ईडी सूत्र के मुताबिक शुक के देर रात कई घंटा के पूछताछ के बाद उनुका के गिरफ्तार कs लिहल गईल। बी नागेन्द्र पs आरोप बा कि एs विभाग के मंत्री रहते उs अपना फायदा खातीर धन के गबन कईले। नागेन्द्र कर्नाटक के बल्लारी ग्रामीण क्षेत्र से कांग्रेस विधायक हउवें. कर्नाटक महर्षि वाल्मीकी अनुसूचित जनजाति विकास निगम में भईल कथित घोटाला के जांच के सिलसिला में इs गिरफ्तारी भईल बा, जवना में 88 करोड़ रुपिया के धन के कथित तौर पs गबन भईल बा।

ईडी बी नागेन्द्र के गिरफ्तार कs लिहलस

बता दीं कि 10-12 जुलाई के उनुका से जुड़ल कई जगहा पs छापामारी के बाद नागेंद्र के 12 जुलाई के सबेरे बेंगलुरु के शांतिनगर में ईडी कार्यालय में पूछताछ खातीर ले आवल गईल। इs कथित घोटाला तब सोझा आईल जब निगम के कर्मचारी एन. चंद्रशेखरन 26 मई के धन के गबन के जानकारी देके आत्महत्या कs लेले रहले। एकरा खातिर उs सुसाइड नोट में मंत्री के जिम्मेदार ठहरवले। नागेन्द्र कर्नाटक सरकार में अनुसूचित जनजाति कल्याण मंत्री के रूप में निगम के देखरेख कईले। एह घोटाला के सोझा अईला के बाद उs 6 जून के इस्तीफा दे देले।

Tags :
Advertisement