टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नीतू सिंह के शो कॉज करी कांग्रेस : विधायक कहले रहली- नवादा से टिकट दी..तs बीजेपी जॉइन करेम; पार्टी कs सकत बिया निष्कासित

03:46 PM Mar 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नवादा जिला के हिसुआ से कांग्रेस विधायक नीतू सिंह सुक के पत्रकारन से बात करत कहले रहली कि बीजेपी जदि उनका के नवादा लोकसभा सीट से टिकट देत बिया तs हमहूं बीजेपी जॉइन कs सकत बानी। अब कांग्रेस विधायक नीतू सिंह से पार्टी शो कॉज करे जा रहल बिया। जानकारी के मुताबिक, पार्टी नीतू सिंह से जवाब तलब कs सकत बिया।

Advertisement

नीतू सिंह के बयान अइसन समय पs आइल बा, जब महागठबंधन के सात विधायक एनडीए में सामिल हो चुकल बा लो। एमे कांग्रेस के दुगो विधायको सामिल बा लो। अइसन में नीतू सिंह के ई बयान प्रेशर पॉलिटिक्स के ओर इशारा बा।

ओहिजा, बागी विधायकन भा फेर बागी जइसन स्वर रखे वाला विधायकन पs कांग्रेस कार्रवाई करे के मन बनवले बिया। कांग्रेस विधायक सिद्धार्थ सौरभ आ मुरारी गौतम के पाला बदले के लेके पार्टी पहिलही विधानसभा स्पीकर से दुनो के सदस्यता रद्द करे के मांग कइले रहे।

कांग्रेस विधायक के प्रेशर पॉलिटिक्स

कांग्रेस विधायक नीतू सिंह कांग्रेस पs लगातार नवादा से लोकसभा के टिकट देवे के दबाव बना रहल बाड़ी। एह प्रेशर पॉलिटिक्स के चलते ऊ बीजेपी से नवादा लोकसभा सीट के डिमांड कइली आ कहली अगर बीजेपी उनका के नवादा से टिकट देत बिया तs बीजेपी जॉइन कs लिहें। एह बीच नीतू सिंह के डिप्टी सीएम विजय सिन्हा के संगे एगो तस्वीरो सामने आइल बा।

कांग्रेस विधायक दल के नेता का कहलें

अब कांग्रेस नीतू सिंह से स्पष्टीकरण मांगे के तइयारी में बिया। कांग्रेस विधायक दल के नेता डॉ. शकील अहमद खान भास्कर से कहलें कि पार्टी नीतू सिंह से शो कॉज करे जा रहल बिया। अब कांग्रेस विधायक के एह बात के डर बा कि कहीं ऊ बयानबाजी के चक्कर में कांग्रेसो के ना खो बइठस। हालांकि, उनकर पति के कहनम बा कि हमनी के पुरान कांग्रेसी हई सs। नीतू सिंह के पति के गिनती दबंगन में होला।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsBjpCongressMLA Neetu SinghNawada Loksabha SeatShow Cause Notice
Advertisement
Next Article