टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली के सीएम प हमला करे के साजिश, मेट्रो स्टेशन पs लिखल धमकी; आप भाजपा प आरोप लगवलस

03:54 PM May 20, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

दिल्ली के राजीव चौक आ पटेल नगर मेट्रो स्टेशन प बहुत जगहा सीएम केजरीवाल के खिलाफ धमकी लिखल गइल बा। आम आदमी पार्टी भी एकरा बारे में एगो प्रेस कांफ्रेंस कइलख। एकरा खातीर आप सीधा भाजपा के जिम्मेदार ठहरवले बिया।

Advertisement

आम आदमी पार्टी के मुखिया आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा । दिल्ली के कई गो मेट्रो स्टेशन प इ धमकी लिखल गइल बा। एकरा अलावे मेट्रो पs भी धमकी लिखल मिलल बा। आम आदमी पार्टी एकरा खातीर सीधा भारतीय जनता पार्टी के जिम्मेदार ठहरवले बिया। एकरा संगे-संगे राज्यसभा सांसद संजय सिंह भी एगो प्रेस कांफ्रेंस कइले। उ प्रेस कांफ्रेंस में कहले कि अरविंद केजरीवाल के कुछो हो गइल त ओकरा खातीर भाजपा जिम्मेदार होई। ऊ कहले कि पीएम मोदी आ भाजपा नफरत आ बदला के भावना में एतना डूबल बाड़े कि अरविंद केजरीवाल के जान लेवे के साजिश रचतारे ।

भाजपा के भाषा में लिखल गइल धमकी

ऊ कहले कि 'जेल में भी बड़ साजिश रचल गइल, शायद सुप्रीम कोर्ट ए साजिश के समझ के ओ लोग के राहत दे देलख।' एकरा बाद संजय सिंह पटेल नगर मेट्रो स्टेशन के तस्वीर देखावत कहले कि अंकित गोयल नाम के एगो आदमी के फोटो बा। ओकर लिखल धमकी बा। जदी अंकित गोयल के लिखल धमकी के भाषा पढ़ीं त ठीक उहे भाषा हs जवन भाजपा के भाषा हs। पटेल नगर मेट्रो स्टेशन आ मेट्रो के भीतर खुलेआम धमकी लिखल जाता। देश के राजधानी दिल्ली में दिल्ली के सीएम पs हमला करे खातीर खुलेआम धमकी लिखल जाता।

चुनाव आयोग के चिट्ठी लिखल जाता

राजीव चौक मेट्रो स्टेशन के तस्वीर देखावत संजय सिंह कहले कि, 'तीन बेर चुनल सीएम के खुलेआम हमला आ हत्या के धमकी दिहल जाता आ हरेक जगहा सन्नाटा बा। ए संबंध में सांसद, विधायक आ मंत्री के ओर से चुनाव आयोग के चिट्ठी लिखल जाता। जदी केजरीवाल जी के खरोंच तक हो गइल त एकरा खातीर सीधा जिम्मेदार पीएमओ, भारतीय जनता पार्टी आ पीएम मोदी होइहे। ऊ लोग रउआ के पहिलही से चेतावत बाड़े। बता दीं कि दिल्ली के पटेल नगर आ राजीव चौक प दिल्ली के सीएम के खिलाफ जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा। आम आदमी पार्टी भी इ तस्वीर अपना एक्स हैंडल प शेयर कइले बिया।

Tags :
Attack ThreatBhojpuri khabarcm arvind KejariwalCM Arvind KejriwalDeath ThreatDelhi MetroKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialMetro Trainबड़ी khabar
Advertisement
Next Article