टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सुपरस्टार सलमान खान के हत्या के साजिश के पर्दाफाश, 4 लोग गिरफ्तार, इs रहे लॉरेंस बिश्नोई के प्लान

11:46 AM Jun 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बॉलीवुड सुपरस्टार सलमान खान के हत्या के साजिश पर्दाफाश हो गइल बा. नवी मुंबई के पनवेल में सलमान खान के कार पs हमला करे के योजना रहे। नवी मुंबई पुलिस एह साजिश रचे वाला 4 गो आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहले बिया.  सलमान के मारे खातीर पाकिस्तान से हथियार ले आवे के पड़ी। इहे योजना कुख्यात गुंडा लॉरेंस बिश्नोई के रहे।

मिलल जानकारी के मुताबिक लॉरेंस बिश्नोई गिरोह नवी मुंबई के पनवेल में सलमान खान के कार पs हमला करे के योजना बनवले रहे। एकरा खातिर पाकिस्तान के एगो हथियार आपूर्तिकर्ता से हथियार खरीदे के योजना रहे| नवी मुंबई पुलिस एs मामला में प्राथमिकी दर्ज कs 4 लोग के गिरफ्तार कs लेले बिया।

पनवेल में वाहन पs हमला करे के योजना बा

मुंबई से सटल नवी मुंबई के पनवेल पुलिस 4 लोग के गिरफ्तार कईले बिया। दावा कईल जाता कि इs लोग लॉरेंस बिश्नोई गिरोह के रहले अवुरी इs लोग पनवेल में सलमान खान के गाड़ी पs हमला करे के योजना बनवले रहले। एकरा खातिर पाकिस्तान के एगो हथियार आपूर्तिकर्ता से हथियार खरीदे के योजना रहे| नवी मुंबई पुलिस एs मामला में प्राथमिकी दर्ज कs 4 लोग के गिरफ्तार कs लेले बिया। कोर्ट सभ आरोपी के 14 दिन खातीर न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

पुलिस एs मामला में आईपीसी के धारा 115, 120(बी) अवुरी 506(2) के तहत प्राथमिकी दर्ज कईले बिया। एs प्राथमिकी में पुलिस लॉरेंस बिश्नोई, अनमोल बिश्नोई, संपत नेहरा, गोल्डी बरार, अजय कश्यप उर्फ़ धनंजय तपेसिंह, रोकी शूटर, सतीश कुमार, सूखा शूटर, संदीप बिश्नोई उर्फ गौरव भाटिया, रोहित गोधरा, वसीम चीना, डोगर, सिंतु कुमार, विशाल कुमार, संदीप सिंह, रियाज़ उर्फ़ चंदू, कमलेश शाह, वगैरह पs आरोप लगावल गइल बा.

 

 

 

 

Tags :
Lawrence BishnoimumbaiSalman Khan
Advertisement
Next Article