टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी आ MP में फेर ट्रेन के पलटले के साजिश, रेल ट्रैक पs मिलल लोहा के छड़ आ सीमेंटेड स्लीपर

09:30 AM Oct 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
दुर्घटना: न्यूज़
Advertisement

 

Advertisement

 

एक बेर फेरु मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश में ट्रेन पलटे के साजिश के मामला सामने आइल बा. मंगल के दिने ग्वालियर में रेल पटरी पs लोहा के एगो भारी फ्रेम पड़ल मिलल. मालगाड़ी चालक के सतर्कता के चलते दुर्घटना टल गईल। जानकारी के मुताबिक देर रात ग्वालियर के बिरलानगर स्टेशन के नजदीक मालगाड़ी के पटरी पs लोहा के छड़ी पड़ल मिलल। ओही पटरी पs एगो मालगाड़ी आवत रहे बाकिर समय रहते ओकरा के रोक दिहल गइल.

पुलिस के अबे ले नाहीं मिलल कवनो सुराग

एकरा चलते ट्रेन के पटरी से उतरे से बचावल गईल। आरपीएफ अवुरी जीआरपी मामला के छानबीन शुरू कs देले बा। आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज करावल गईल बा। पास के सीसीटीवी फुटेज भी देखल जा रहल बा। फिलहाल पुलिस के अबे ले कवनो सुराग नईखे मिलल।

यूपी में भी ट्रेन के पटरी से उतारे के साजिश

दूसर ओर यूपी में एक बार फेर ट्रेन पलटे के साजिश के मामला सोझा आईल बा। रायबरेली में सीमेंट वाला स्लीपर से मालगाड़ी के टक्कर भइल हालांकि कवनो बड़ दुर्घटना ना भईल। आशंका बा कि खेत में राखल तीन गो स्लीपर के खींच के पटरी पs ले आवल गइल. देर रात भईल एs दुर्घटना के बाद मालगाड़ी 15 मिनट ले खड़ा रहे। इs घटना रायबरेली के लक्ष्मणपुर स्टेशन के नजदीक भईल।

 

 

Tags :
indian railwaysmpTrain Derailup news
Advertisement
Next Article