टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सात अगस्त से सिपाही भर्ती परीक्षा के होई आयोजन : सीवान में 24 केंद्रन पs एग्जाम, 2484 परीक्षार्थी होई लो सामिल

11:13 AM Jul 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सीवान में केंद्रीय चयन पार्षद (सिपाही भर्ती) के तत्वावधान में आयोजित होखे वाला बिहार पुलिस में सिपाही पद के परीक्षा सीसीटीवी कैमरा के निगरानी में होई। परीक्षा के तइयारी जिला पदाधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता के देखरेख में तइयारी अंतिम चरण में बा। छव चरणन में आयोजित होखे वाला परीक्षा के सुरुआत सात अगस्त से हो रहल बा।

Advertisement

सात अगस्त के अलावा ई परीक्षा 11 अगस्त, 18 अगस्त, 21 अगस्त, 25 अगस्त आ 28 अगस्त के हई। परीक्षा के आयोजन एक पाली में दुपहरिया 12 से दु बजे तक होई। जबकि, रिपोर्टिंग टाइम 9:30 बजे निर्धारित कइल गइल बा।

21 हजार 391 पदन खातिर परीक्षा के आयोजन

केंद्रीय चयन पार्षद (सिपाही भर्ती) के तहत सिपाही के रिक्त 21 हजार 391 पदन खातिर एह परीक्षा के आयोजन कइल जा रहल बा। एने, परीक्षा आयोजन के लेके जिला में 24 केंद्र बनावल गइल बा। जहां कुल 12484 परीक्षार्थी परीक्षा में सामिल हो सकी लो।

परीक्षा के आयोजन के लेके दु दिन पूर्व जिला पदाधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता जिला शिक्षा पदाधिकारी सहित आउर पदाधिकारियन के संगे बैठक कs के केंद्र के जायजा लिहलें। संगही परीक्षा आयोजन के लेके दंडाधिकारी, पुलिस पदाधिकारी आ पुलिस बल के प्रतिनियुक्ति के लेके विचार विमर्श कइलें। बैठक के दौरान योग्य केंद्राधीक्षक, सहायक विद्या भवन महिला कॉलेज सीवान, केंद्राधीक्षक, पुलिस पदाधिकारी आ चतुर्थ वर्गीय कर्मचारियन के नियुक्ति के लेके चरचा।

सब केंद्रन पs लागी जैमर

बैठक के दौरान एह बात के ध्यान रखल गइल बा कि कवनो केंद्र पs केंद्राधीक्षक, सहायक अधीक्षक आ चतुर्थ वर्गीय कर्मचारी के कवनो रिश्तेदार संबंधित सेंटर पs परीक्षा में सामिल तs नइखे। ओहिजा, दूसरका ओर परीक्षा के कदाचार मुक्त संचालन के लेके सब केंद्रन पe s सीसीटीवी, जैमर लगावल जाई। एकरा आलावे बायोमेट्रिक हाजिरी बनी। परीक्षा के फोटोग्राफियो करावल जाई।

परीक्षा के लेके जिला में जवन केंद्र बनावल गइल बा ओमे, डीएवी उच्च विद्यालय इंटर कॉलेज में 1050, वीएम हाई स्कूल सह इंटर कॉलेज में 925, संघमित्रा पब्लिक स्कूल में 800, बीवीएम पब्लिक स्कूल में 670 परीक्षार्थी परीक्षा दी लो।

दास कबीर हाई स्कूल रसीद चक में 600 परीक्षार्थी दिही एग्जाम

दिल्ली पब्लिक स्कूल आंखोंपुर में 625, लोग परीक्षा दी। दास कबीर हाई स्कूल रसीद चक में 600, इस्लामिया हाई स्कूल सह इंटर कॉलेज में 600, महावीरी सरस्वती विद्या मंदिर विजय हाता गौशाला रोड में 600, इकरा पब्लिक स्कूल सूरापुर में 600, महावीरी सरस्वती शिशु मंदिर मखदुम सराय में 528, जेडए इस्लामिया पीजी कॉलेज में 500, दारोगा प्रसाद राय डिग्री कॉलेज में 500 परीक्षार्थी परीक्षा दी लो।

दारोगा प्रसाद राय इंटर कॉलेज में 500, इमानुअल मिशन हाई स्कूल में 500, आरएस पब्लिक स्कूल सुरापुर में 500, डीएवी मिडिल स्कूल में 460, श्रीमती राजवंशी देवी बालिका उच्च स्कूल में 400, दाऊद मेमोरियल उर्दू बालिका उच्च स्कूल में 400, महावीरी सरस्वती बालिका विद्या मंदिर माधव नगर में 360, आर्य कन्या हाई स्कूल सीवान में 300, ब्रजकिशोर हाई स्कूल श्रीनगर में 300, महावीरी सरस्वती विद्या मंदिर बरहन गोपाल 300, विद्या भवन महिला कॉलेज सीवान में 250 आ आदर्श राजकीय वीएम मिडिल स्कूल में 216 परीक्षार्थी परीक्षा दी लो।

Tags :
Bhojpuri NewsConstable RecruitmentSchedule Declaredsiwan news
Advertisement
Next Article