For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

शिवाजी के प्रतिमा ढहले के मामिला में आरोपी मूर्तिकार-ठेकेदार जयदीप आप्टे गिरफ्तार

01:56 PM Sep 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
शिवाजी के प्रतिमा ढहले के मामिला में आरोपी मूर्तिकार ठेकेदार जयदीप आप्टे गिरफ्तार
Advertisement

Advertisement

पिछला महीना महाराष्ट्र के राजकोट किला में छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति गिरला के मामिला में वांछित मूर्तिकार-ठेकेदार जयदीप आप्टे के बुध के रात ठाणे जिला के कल्याण से गिरफ्तार कs लिहल गइल. आप्टे के बनावल मूर्ति के उद्घाटन के नौ महीना भी ना बीतल रहे, 26 अगस्त के गिर गईल, जवना के बाद सिंधुदुर्ग पुलिस एकर खोज में लागल रहे। पुलिस उनुका के खोजे खातीर सात टीम बनवले रहे।

मालवण पुलिस आप्टे अवुरी संरचनात्मक सलाहकार चेतन पाटिल के खिलाफ शिवाजी के मूर्ति गिरला के बाद लापरवाही अवुरी बाकी अपराध के मामिला दर्ज कईले रहे। पाटिल के पिछला हफ्ता कोल्हापुर से गिरफ्तार कs लिहल गइल रहे.

एs घटना में आरोपी के गिरफ्तारी पs प्रतिक्रिया देत भाजपा नेता प्रवीण दारकर कहले कि, हमनी के सरकार के आलोचना करेवाला लोग के अब मुंह बंद करे के चाही। साँच बा कि पुलिस जयदीप आप्टे के गिरफ्तार करे में कुछ समय ले लिहलसि. हमनी के गिरफ्तारी के श्रेय नईखी लेत बाकीर पुलिस आपन काम कईले बिया।

सिंधुदुर्ग पुलिस आप्टे के मालवण ले गइल जहाँ आजु उनुका के रिमांड खातिर कोर्ट में पेश कइल जाई. हालांकि आप्टे के वकील गणेश सोहनी के दावा बा कि उs खुद पुलिस के सोझा आत्मसमर्पण कs देले बाड़े।

Tags :
Advertisement