टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वीएम हाई स्कूल में नवनियुक्त शिक्षकन में बंटल जोगदान पत्र : 19 अलग काउंटर बनावल गइल, 2566 टीचर्स में बंटल पदस्थापना लेटर

03:52 PM Feb 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बिहार लोक सेवा आयोग कावर से शिक्षक भर्ती परीक्षा के दूसरका चरण आ पहिला चरण के पूरक परीक्षा में नवचयनित शिक्षकन के बीच आज विद्यालय पद स्थापना सह योगदान पत्र के वितरण कइल गइल। विद्यालय पदस्थापना सह जोगदान पत्र प्राप्त कs के सब नव चयनित शिक्षक बहुते खुश नजर आइल लो।

Advertisement

शहर के वीएम हाई स्कूल सह इंटर कॉलेज परिसर में पदस्थापना सह जोगदान पत्र के वितरण कइल गइल बा। एकरा खातिर कुल 19 अलग-अलग काउंटर बनावल गइल बा। जिला भर में कुल 2566 नवपदस्थापित शिक्षकन के बीच विद्यालय पदस्थापना पत्र के वितरण होखे के बा।

पहिला चरण के शिक्षक भर्ती के पूरक परीक्षा में चयनित कुल 53 आ दूसरका चरण के शिक्षक भर्ती परीक्षा के कुल 2513 नवचयनित शिक्षकन के बीच पदस्थापना सह जोगदान पत्र के वितरण कइल जाये के बा। एकरा खातिर अलग-अलग विषय खातिर अलग-अलग काउंटर बनावल गइल बा। पदस्थापना सह जोगदान पत्र प्राप्त करे खातिर सबेरे से नव चयनित अभ्यर्थियन के भीड़ इकट्ठा होखे लागल रहे। हाथ में विद्यालय पदस्थापना सह जोगदान पत्र पाके शिक्षक के बहुत खुश नजर आइल लो। एह सब के बीच नियुक्ति पत्र के वितरण पहिलही कइल जा चुकल रहे। विद्यालय आवंटन के बाद सब के बीच पदस्थापना सह जोगदान पत्र के वितरण कइल गइल बा।

प्रभारी जिला शिक्षा पदाधिकारी राजेंद्र सिंह बतवलें कि कवनो कारणवश कवनो शिक्षक जदि आज जोगदान पत्र प्राप्त नइखे करत बा तs अगिला दिन से जिला शिक्षा कार्यालय में पहुंचके आपन जोगदान पत्र ले सकत बा।

Tags :
19 CountersBhojpuri NewsJoining Letter DistributionNewly Joined Teacherssiwan news
Advertisement
Next Article