For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सिंगापुर में चरम पs पहुंचल कोरोना, लगातार मरीजन के बढ़त संख्या से फेरु दुनिया के सतावे लागल डर

02:10 PM Dec 23, 2023 IST | Minee Upadhyay
सिंगापुर में चरम पs पहुंचल कोरोना  लगातार मरीजन के बढ़त संख्या से फेरु दुनिया के सतावे लागल डर
Advertisement

Advertisement

सिंगापुर में लगातार बढ़त कोरोना केस दुनिया के दोसरा देशन में भी डर पैदा करे लागल बा। का ई कोरोना के एगो अउरी नया लहर के वापसी बा, का कोरोना फेर से दुनिया में तबाही मचावे वाला बा। का ई नया वेरिएंट पहिले के वेरिएंट से अधिका खतरनाक बा, अइसन बहुते सवाल बा जवन लोग के परेशान कs रहल बा। एही बीच सिंगापुर में कोरोना मरीजन के बढ़त संख्या से स्तब्ध बा। सिंगापुर के स्वास्थ्य मंत्री ओंग ये कुंग कहले बाड़न कि सिंगापुर में कोविड-19 संक्रमण के नया लहर शायद चरम पs पहुँच गइल बा, एहसे मास्क पहिरे के अनिवार्य करे जइसन अतिरिक्त उपाय लागू करे के जरूरत नइखे। उ कहले कि पछिला कुछ दिन में संक्रमित के अनुमानित संख्या में कमी आईल बा। मंत्री कहले कि, “केस कम होखे के संकेत मिलता।”

शुक के उत्तरी सिंगापुर के वुडलैंड्स में एगो स्वास्थ्य परिसर के उद्घाटन के मौका प ओंग के हवाला से कहलस कि, "केस में तनिका बढ़ोतरी हो सकता, लेकिन हमरा लागता कि इहे ए लहर के अंत बा।" ' मंत्री जी कहले कि, ''हमनी के एगो मजबूत स्वास्थ्य प्रणाली बा, जवना में 10 हजार अस्पताल के बेड बा। 600 या 700 बेड पs मरीज होखला के मतलब बा कि 6-7 प्रतिशत बेड में संक्रमित मरीज बाड़े, जवन कि कम नईखे। इs हमनी के स्वास्थ्यकर्मी अवुरी हमनी के सिस्टम पs एगो महत्वपूर्ण बोझ बा।'

सिंगापुर में मरीजन के संख्या में अउरी बढ़ोतरी के डर

'विशेषज्ञ लोग के कहनाम बा कि, संक्रमण के मामिला से अस्पताल में भर्ती अवुरी गहन देखभाल के जरूरत कम बा।' लगातार चार हफ्ता से केस बढ़ रहल बा। 12-18 नवम्बर में संक्रमित लोग के संख्या 10,726 रहल जबकि 10-16 दिसंबर में ई संख्या बढ़ के 58,300 हो गइल। सिंगापुर के नेशनल यूनिवर्सिटी के स्वी हॉक स्कूल ऑफ पब्लिक हेल्थ के एसोसिएट प्रोफेसर एलेक्स कुक चेतवले कि, "हमनी के याद राखे के जरूरत बा कि आम तौर पs हल्का केस के चरम पs पहुंचला के बाद गंभीर मामिला में तेजी से बढ़ोतरी होई।"मंत्री ओंग मानले कि एकर संभावना बा क्रिसमस आ नया साल के छुट्टी में संक्रमण फइलल।

उ सिंगापुर के लोग से मास्क लगा के बेमार पड़ला पs घरे रहे के आ टीकाकरण करावे के कहले। उ कहले कि खास तौर पs वरिष्ठ नागरिक चाहे गंभीर बेमारी से पीड़ित लोग खातीर साल में एक बेर टीकाकरण जरूरी बा, काहेंकी उनुका संक्रमण के संभावना जादे होखेला।

Tags :
Advertisement