For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

COVID Update: देस में 24 घंटा में कोरोना के 475 नया ममिला आइल सामने, मुंबई में मिलल वेरिएंट जेएन.1 के 19 मरीज

03:14 PM Jan 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
covid update  देस में 24 घंटा में कोरोना के 475 नया ममिला आइल सामने  मुंबई में मिलल वेरिएंट जेएन 1 के 19 मरीज
Advertisement

भारत में कोरोना के ममिला दिन पs दिन बढ़त जा रहल बा। मंगलर के देस में कोविड के 475 नया ममिला दर्ज कइल गइल बा। ओहिजा, एक्टिव ममिलन के संख्या 3,919 बा।

Advertisement

सबेरे आठ बजे अपडेट कइल गइल स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़न के अनुसार, 24 घंटा में कोरोना से छव गो मौत भइल बा। एमे कर्नाटक से तीन, छत्तीसगढ़ से दु आ असम से एक मौत सामिल बा। बता दीं कि नया वैरिएंट के उभरला आ ठंड के मौसम के इस्थिति के बाद ममिला आउर बढ़े लागल बा।

JN.1 वैरिएंट केतना खतरनाक?

आधिकारिक सूत्र लोग बतावल कि पांच दिसंबर के बाद 31 दिसंबर, 2023 के कोविड के 841 नया ममिला सामने आइल।।कुल एक्टिव ममिलन में से लगभग 92 प्रतिशत होम आइसोलेशन में रहत ठीक हो गइललो। सूत्र कहल लो कि वर्तमान में उपलब्ध आंकड़न से पता चलत बा कि JN.1 वैरिएंट ना तs नया ममिलन में तेजी से बढ़ रह बा आ ना अस्पताल में भर्ती होखे आ मृत्यु दर में वृद्धि कs रहल बा।

मुंबई में 19 लोग कोरोना पॉजिटिव 

बृहन्मुंबई नगर निगम (BMC) के एगो अधिकारी मंगर के कहलें कि मुंबई में कोराना वायरस के जेएन.1 सब-वैरिएंट के 19 मरीज मिलल बा लो। बीएमसी के कार्यकारी स्वास्थ्य अधिकारी दक्षा शाह पीटीआई के बतवलें कि होल जीनोम सीक्वेंसिंग (डब्ल्यूजीएस) विश्लेषण में जेएन.1 सबवेरिएंट खातिर पॉजिटिव पावल गइल 22 नमूनन में से 19 मुंबई से रहे लो। नगर निकाय कावर से जारी एगो विज्ञप्ति के अनुसार, ई नमूना पिछला महीना परीक्षण खातिर भेजल गइल रहे आ रिपोर्ट सोमार के आइल।

भारत में आइल कोरोना के 3 लहर

भारत में COVID-19 के तीन गो लहर आइल। जेमे अप्रैल-जून 2021 में डेल्टा लहर के दौरान रोज नया ममिलन आ मौतन के चरम घटना दर्ज कइल गइल। सात मई, 2021 के 4,14,188 नया ममिला आ 3,915 मौत दर्ज कइल गइल। 2020 के सुरुआत में महामारी सुरू होखला के बाद से देस भर में 4.5 करोड़ से अधिक लोग संक्रमित हो चुकल बा आ 5.3 लाख से जादे लोगन के मौत हो चुकल बा।

मंत्रालय की वेबसाइट के मोताबिक, एह बीमारी से ठीक होखे वाले लोगन के संख्या 4.4 करोड़ से जादे बा, जवना के राष्ट्रीय रिकवरी दर 98.81 प्रतिशत बा। वेबसाइट के कोताबिक, देस में अभी ले कोविड टीकन के 220.67 करोड़ खुराक लगावल जा चुकल बा।

Tags :
Advertisement