टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Video: कपल आपन शादी खातीर छपवले सबसे यूनिक Wedding Card

10:47 AM Jan 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

बियाह एगो अयीसन पल हs जवना के हर आदमी अपना जीवन भर याद राखल चाहता। आपन बियाह के यादगार बनावे खातीर दुल्हा-दुल्हिन छोट-छोट बात पs पूरा ध्यान देवेले। ड्रेस से लेके खाना, सजावट से लेके कार्यक्रम तक के हर चीज पs विशेष ध्यान दिहल जाला। लेकिन कुछ लोग शादी के कार्ड के जादा महत्व ना देवेले अवुरी मौजूदा डिजाइन में जवन डिजाइन सबसे निमन लागे, ओकरा के पसंद करेले। लेकिन कुछ लोग बा जे एकरा के खास बनावेला अवुरी एकर नतीजा इs होखेला कि बहुत लोग कार्ड देखला के ठीक बाद बियाह में जाए के फैसला कs लेवेले। अइसने एगो शादी के कार्ड सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। आईं एह शादी के कार्ड के वायरल होखे के कारण बताईं जा।

Advertisement

आज ले आपके कई गो शादी के कार्ड नेवता के रूप में मिलल होई। कुछ कार्ड साधारण होला तs कुछ सुन्दर होला। लेकिन का रउवा कबो कार्ड देख के पता चलल कि वर-वधू के पेशा का हs? हँ सोशल मीडिया पs वायरल होखे वाला शादी के कार्ड के खासियत ईs बा कि जइसहीं देखब तs दुनु जने के पेशा के जानकारी मिल जाई। एही कारण से इs शादी के कार्ड काफी वायरल हो रहल बा। बता दीं कि बियाह के कार्ड के एक आधा हिस्सा पs मिलेट्री वर्दी के डिजाइन बा अवुरी दूसरा ओर डॉक्टर के कोट के डिजाइन बा। एकरा संगे दुनो के नाम भी लिखल बा।

लोग मजेदार टिप्पणी कइले बा?

ई पोस्ट सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs @Shaiibi0 नाम के एगो अकाउंट के साथ शेयर कइल गइल बा। पोस्ट के संगे कैप्शन में लिखल बा कि, 'इ बियाह के सबसे प्यारा नमूना बा।' पोस्ट लिखे के समय तक एs पोस्ट के 6 लाख 36 हजार से जादा लोग देख चुकल बाड़े। कार्ड देखला के बाद एगो यूजर लिखले कि - हमार साइड खाली होई। एगो अउरी यूजर लिखले बाड़न – हमरा तरफ अंगूठा के छाप लिखल होखी। एगो अउरी यूजर लिखले बा – ई दू आदमी भा दू गो प्रोफेशन के बियाह ह।

 

 

 

Tags :
Bhojpuri Newsnews in bhojpuriSocial MediaTrending newsViral News
Advertisement
Next Article