टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छत्तीसगढ़ में पहिला बेर गो-विज्ञान परीक्षा, 7 सितंबर से सुरू होंई रजिस्ट्रेशन

12:05 PM Sep 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
गो-विज्ञान परीक्षा: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

एह राज्य में पहिला बेर गो-विज्ञान के परीक्षा के आयोजन कईल जाता। स्टेट टॉपर के 51 हजार रुपिया के नकद पुरस्कार दिहल जाई। रजिस्ट्रेशन 7 सितंबर से शुरू होखी आ 15 अक्टूबर ले चली. राज्य के गो संरक्षण आ संवर्धन समिति एह परीक्षा के संचालन करत बिया जवना में स्कूल आ कॉलेज के विद्यार्थी भाग लीहें. संगठन के प्रांत संयोजक इरन्ना सपारे आ सुबोध राठी के मुताबिक राज्य के पांच लाख छात्र एs परीक्षा में शामिल होईहे।

आयोजक लोग के कहनाम बा कि एह आयोजन के मुख्य उद्देश्य स्कूल आ कॉलेज के छात्रन में गाय के बारे में जानकारी दिहल बा। गाय के धार्मिक आ वैज्ञानिक महत्व के बारे में वर्तमान पीढ़ी के समझावे के बा। कहीं समाज गाय पालन से हट रहल बा, जवना के चलते सड़क पs गाय छोड़ल जा रहल बा।

एकरा चलते रोज सैकड़ों सड़क दुर्घटना होखता। एह अभियान में परीक्षा के साथे स्कूलन में गाय के महत्व पs प्रदर्शनी के आयोजन कइल जाई, सेमिनार आ व्याख्यान के आयोजन कइल जाई.

परीक्षा के आयोजन से जुड़ल लोग हर स्कूल-कॉलेज में जाई. लइकन के रजिस्ट्रेशन के बारे में बताई। लइकन के एगो किताब भी दिहल जाई। ई किताब गाय से जुड़ल ज्ञान पs आधारित बा। एह किताब से जुड़ल सवाल परीक्षा में पूछल जाई. विद्यार्थियन के रजिस्ट्रेशन खातिर 50 से 100 रुपिया के फीस तय कइल गइल बा.12 जनवरी के होखे वाला राज्य स्तरीय गौ सेवा संगम कार्यक्रम में उम्मीदवारन के सम्मानित कइल जाई.

 

Tags :
Chhattisgarh newsCow Science ExamCow Science Exam Registrationeducation newsशिक्षा
Advertisement
Next Article