For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Crime: प्रेमी हत्या के बाद लइकी के लाश फेंक देले रहे, चेहरा आ गर्दन पs गहिराह घाव मिलल ; PM रिपोर्ट के इंतजार करत पुलिस

02:57 PM Aug 14, 2024 IST | Raj Nandani
crime  प्रेमी हत्या के बाद लइकी के लाश फेंक देले रहे  चेहरा आ गर्दन पs गहिराह घाव मिलल    pm रिपोर्ट के इंतजार करत पुलिस
Advertisement

मुजफ्फरपुर न्यूज : एसडीपीओ सरैया अनुमंडल कुमार चंदन बतवले कि हत्या प्रेम प्रसंग में भइल बा। लाश के पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बाद आगे के कार्रवाई होई। आरोपी के गिरफ्तारी खातीर छापामारी कइल जाता।

Advertisement

मुजफ्फरपुर जिला के पारू थाना क्षेत्र के लालू छपरा गांव के लगे एगो चंवर में संदिग्ध हालात में एगो लइकी के लाश मिलल । पुलिस अब ए मामिला में आगे के कार्रवाई में व्यस्त बिया। पुलिस के मुताबिक प्रेम प्रसंग के दौरान उनकर पूर्व प्रेमी हत्या कs देले रहे आ लाश फेंक देले रहे। ए मामिला में परिवार के लोग के बयान के आधार पs पुलिस आगे के कार्रवाई में व्यस्त बिया। साथ ही फरार आरोपी के खिलाफ छापामारी करत।

पूरा मामिला में एसडीपीओ सरैया अनुमंडल कुमार चंदन बतवले कि हत्या प्रेम प्रसंग में भइल बा। लाश के पोस्टमार्टम खातीर एसकेएमसीएच भेज दिहल गइल। पोस्टमार्टम रिपोर्ट जल्दिए अइला के बाद आगे के कार्रवाई कइल जाई। बतावल जाता कि आरोपी फरार बा आ ओकरा के गिरफ्तार करे खातीर छापामारी कइल जाता। ऊ बतवले कि गर्दन के ऊपर आ चेहरा पs गहरा घाव के निशान मिलल बा। हत्या से पहिले मारपीट के चलते चोट के निशान रहे। बाकी जवन बात चल रहल बा ऊ भ्रामक बा।

Tags :
Advertisement