For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बैंक कर्मी से लूट ममिला में बदमाश गिरफ्तार : गोपालगंज में जिंदा कारतूस आ मोबाइल बरामद

10:57 AM Aug 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बैंक कर्मी से लूट ममिला में बदमाश गिरफ्तार   गोपालगंज में जिंदा कारतूस आ मोबाइल बरामद
Advertisement

गोपालगंज के मीरगंज थाना क्षेत्र के खरगी गांव के लगे बैंक कर्मी के हथियार के बल पर लूटला के ममिला में पुलिस आरोपी बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार बदमाश के लगे से देसी कट्टा, कारतूस, बाइक आ मोबाइल के बरामद कइल गइल बा। गिरफ्तार बदमाश के पहचान मीरगंज थाना क्षेत्र के मटिहानी नैन गांव निवासी देवेंद्र प्रसाद के बेटा गोलू प्रसाद उर्फ चुन्नु के रूप में कइल गइल बा।

Advertisement

हथुआ एसडीपीओ आनंद मोहन गुप्ता बतवलें कि 10 जुलाई के देर सांझ सीवान के रिवीलगंज थाना क्षेत्र के गोदना मठिया गांव निवासी हरे कृष्णा गिरी के तीन अपराधी मीरगंज थाना क्षेत्र के बाइपास रोड के किनारे हथियार दिखाके लूट लेले रहे। एह दौरान मोबाइल, 5000 रुपिया, बाइक लूट लिहल गइल रहे। एकरा अलावे आउर अभियुक्तन के गिरफ्तारी आ सामान के बरामदगी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement