टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

25 हजार के इनामी बदमाश गिरफ्तार : छपरा के सोनपुर में घेराबंदी कs के पुलिस पकड़लस, लूट, हत्या, सहित कइयन गो ममिला बा दर्ज

11:45 AM Apr 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सारण के कुख्यात आ हिस्ट्रीशीटर के पकड़े में पुलिस सफलता हासिल कइले बिया। गिरफ्तार अपराधी के पहचान दरियापुर थाना क्षेत्र के बेला गांव निवासी ऋतुराज तिवारी उर्फ दीपू पिता राम इकबाल तिवारी के रूप में भइल बा। ओकरा ऊपर पुलिस मुख्यालय 25 हजार रुपिया के इनाम रखले बा।

Advertisement

ऋतुराज के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ सफलता मानल जा रहल बा। ओकरा पs अलग-अलग थाना में कइयन गो ममिला दर्ज बा। हत्या, लूट, अपहरण, रंगदारी सहित कइयन गो संगीन ममिला दर्ज बा। ऋतुराज के गिरफ्तारी एसटीएफ विशेष योजना के तहत कइलस। एसआईटी आ एसटीएफ दरियापुर थाना के इनाम के राशि दिहल जाई।

घेराबंदी कs के पुलिस पकड़लस 

कुख्यात अपराधी के गिरफ्तारी के जानकारी एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज के माध्यम से देले बाड़ें। छोटे लाल के गिरफ्तारी सोनपुर थाना क्षेत्र से भइल बा। ओकरा खिलाफ दरियापुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करत न्यायिक हिरासत में भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा।

छोटे लाल राय के गिरफ्तारी दरियापुर थाना पुलिस आ एएलटीएफ टीम के ओर से कइल गइल बा। शराब के छापेमारी के दौरान पुलिस के सूचना मिलल कि कुख्यात ऋतुराज उर्फ दीपू सोनपुर स्टेशन पs मवजूद बा। जवना के बाद घेराबंदी करत गिरफ्तारी कइल गइल।

गिरफ्तार बदमाश के आपराधिक इतिहास

1. दरियापुर थाना कांड संख्या-476/19, धारा-307/324/341/323/379 भा0द0वि0 |

2. दरियापुर थाना कांड संख्या-505/21, धारा- 392/411 भा0द0वि0 |

3. दरियापुर थाना कांड संख्या-553/23, धारा- 399/402/411/420 भा0द0वि0 आ 25 (1-b)a/26/35 आर्म्स एक्ट

Tags :
along with some cows and their relatives registered.Bhojpuri NewsChhapra NewsCrimnal Arrested in Sonpurmurderpolice caught hold of siegeRobbery
Advertisement
Next Article