For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सिवान में बेखौफ भइले अपराधी, दिनदहाड़े युवक के माथा में गोली मार के हत्या

04:50 PM Sep 09, 2024 IST | Sonu Kishor
सिवान में बेखौफ भइले अपराधी  दिनदहाड़े युवक के माथा में गोली मार के हत्या
सिवान में युवक के गोली मार के हत्या
Advertisement

सिवान में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एगो युवक के गोली मार के हत्या कऽ देले। जवना के चलते इलाका में सनसनी फैल गइल बा। घटना सोमवार के हऽ। परिवार जइसही लाश देखलस, चिल्ला चिली मच गइल। आशंका बा कि इ हत्या निजी विवाद के चलते भइल बा। मरेवाला के पहचान हुसैनगंज थाना क्षेत्र के गोपालपुर गांव के निवासी लल्लू उर्फ टक्की के रूप में भइल बा।

Advertisement

बता दीं कि लल्लू जब घर से शहर आवत रहले तऽ बाइक सवार अपराधी गोली मार के हत्या कऽ देले। मौका पs पहुंचल पुलिस लाश के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस।

युवक घर से सिवान शहर खातिर निकलल रहे

इ घटना के हुसैनगंज थाना क्षेत्र के कुतुबपुर छपरा गांव के बतावल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि सिवान-सिसवान मेन रोड के कुतुब छपरा गांव के नजदीक तक्की अपना घर से निकल के सिवान शहर गइल रहले, तबे बाइक सवार अपराधी उनका के पीछा कऽ के घेर लेले। अपना के घेराइल देख के तक्की आपन रास्ता बदल दिहलस। हालांकि अपराधी ओकरा के पीछा करत कुतुब छपरा गांव के चंवर में ईंट भट्ठा के चिमनी के लगे ओकरा माथा में गोली मार के हत्या क देले।

पुलिस पूरा मामला के जांच में व्यस्त बिया

युवक के हत्या के बाद अपराधी मौका से फरार हो गइले। गांव के लोग पुलिस के एह बारे में जानकारी देलस। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस। फिलहाल पुलिस पूरा मामला के जांच में व्यस्त बिया।

Tags :
Advertisement