टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CSIR UGC NET 2024: सीएसआईआर यूजीसी नेट परीक्षा के परिणाम जल्दिये होई जारी, अइसे कs सकेम चेक

12:40 PM Aug 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

CSIR UGC NET Result 2024: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी जल्दिये सीएसआईआर यूजीसी नेट परीक्षा के रिजल्ट जारी कs सकत बा। परीक्षा परिणाम घोषित होखला के बाद आधिकारिक वेबसाइट csirnet.nta.nic.in पs उपलब्ध होई। परिणाम देखे खातिर रउआ पंजीकरण नंबर आ पासवर्ड दर्ज करे के होई। बता दीं कि परीक्षा खातिर कुल दु लाख 25 हजार 335 उम्मीदवार आपन पंजीकरण करववले रहे लो। हालांकि अब तक एनटीए सीएसआईआर यूजीसी नेट के परिणाम से संबंधित अभी कवनो नोटिफिकेशन जारी नइखे कइले।

Advertisement

CSIR UGC NET Result 2024: कब आयोजित कइल गइल रहे

राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी सीएसआईआर यूजीसी नेट 2024 परीक्षा 25, 26 आ 28 जुलाई 2024 के आयोजित कइल गइल रहे। परीक्षा 187 शहरन के 348 परीक्षा केंद्रन पs निर्धारित रहे। पहिले दु दिनन तक परीक्षा दु पालियन में आयोजित कइल गइल रहे। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक रहे, जबकि दूसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया तीन बजे से सांझ छव बजे तक रहे।

CSIR UGC NET Result 2024: सीएसआईआर यूजीसी नेट आंसर की

सीएसआईआर यूजीसी नेट के प्रोविजनल आंसर की नव अगस्त के जारी कइल गइल रहे। इहां आपत्ति दर्ज करवावे खातिर उम्मीदवारन के 11 अगस्त तक के समय दिहल गइल रहे। उम्मीदवारन के प्रत्येक आपत्ति खातिर 200 रुपिया के भुगतान करे के रहे। अब कयास लगावल जा रहल बा कि कवनो समय रिजल्ट जारी कइल जा सकत बा। नतीजा घोषित होखला के बाद अभ्यर्थी नीचे दिहल आसान स्टेप के माध्यम से आपन परिणाम चेक कs सकी लो।

CSIR UGC NET Result 2024: अइसे करीं डाउनलोड

CSIR UGC NET Result 2024: स्कोर कार्ड पs होई ई जानकारी

Tags :
Bhojpuri NewsCSIRCSIR UGC NET 2024CSIR UGC NET Result 2024education newsExam ResutUGC Net
Advertisement
Next Article