टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चक्रवाती तूफान 'दाना' कब देई दस्तक? मचाई तबाही! कई राज्यन खातीर जारी भइल बारिश के अलर्ट

02:11 PM Oct 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
Cyclone
Advertisement

 

Advertisement

 

बंगाल के खाड़ी के ऊपर बनल 'लो प्रेशर एरिया' 23 अक्टूबर (बुध) ले चक्रवाती तूफान में बदल सकता। भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) अतवार के दिने ई जानकारी दिहले बा. चक्रवाती तूफान के असर ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के तट पs पड़ सकेला. मौसम विभाग आ स्थानीय प्रशासन मछुआरन के सोमार ले समुद्र तट से लवटे के सलाह दिहले बा.

चक्रवाती तूफान के ‘दाना’ नाम दिहल गइल

मौसम विभाग एह चक्रवाती तूफान के नाम ‘दाना’ रखले बा, एकरा साथे कई राज्यन के मौसम में काफी बदलाव होई। मौसम विभाग देश के कई हिस्सा खातिर बरखा के अलर्ट भी जारी कईले बा।

एह जगह पs जमीन पs उतर सकेला

चक्रवात के जमीन पs उतरे के सही जगह के बारे में अबे ले पता नईखे चलल। एगो रिपोर्ट के मुताबिक इs चक्रवात पुरी में जमीन पs उतर सकता। भारतीय मौसम विभाग के कहल बा कि अतवार के दिने उत्तर अंडमान सागर आ ओकरा से सटल बंगाल के खाड़ी के ऊपर बनल चक्रवात से बंगाल के पूर्व-मध्य खाड़ी आ ओकरा से सटल उत्तर अंडमान सागर पs निम्न दबाव वाला इलाका बन गइल बा.

24 अक्टूबर के तूफान के असर देखाई दिही

मौसम विभाग के कहल बा कि 24 अक्टूबर के सबेरे ले ई तूफान उत्तर-पश्चिम दिशा में बढ़ के ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के तट के लगे बंगाल के उत्तर-पश्चिम खाड़ी में चहुँपे के बहुते संभावना बा.

 

 

 

Tags :
CycloneIMDOdishaRainWest Bengal
Advertisement
Next Article